Technology :व्हाट्सऐप एगो नया यूजर इंटरफेस जारी कइलस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2023

  व्हाट्सएप रोज अपना प्लेटफार्म पs नया नया फीचर आ बदलाव ले के आवत रहेला। एह सीरीज में कंपनी सभका खातिर नया यूजर इंटरफेस जारी कइले बिया। व्हाट्सएप एगो नया इंटरफेस जारी कइले बा। एह

Share

 

व्हाट्सएप रोज अपना प्लेटफार्म पs नया नया फीचर आ बदलाव ले के आवत रहेला। एह सीरीज में कंपनी सभका खातिर नया यूजर इंटरफेस जारी कइले बिया।

व्हाट्सएप एगो नया इंटरफेस जारी कइले बा। एह इंटरफेस में ‘अपडेट्स’ टैब जोड़ल गइल बा। एह नया टैब के बदल के स्टेटस टैब दिहल गइल बा, माने कि अब ई-चैट आ कॉल के साथे स्टेटस के नीचे अपडेट टैब भी लउकी। एह अपडेट टैब में स्टेटस आ चैनल उपलब्ध बा।

दरअसल मेटा भारत समेत 150 से जादा देश में व्हाट्सएप चैनल के फीचर लॉन्च कईले बिया। मार्क जुकरबर्ग एगो पोस्ट में ई जानकारी दिहले बाड़न,एह नया फीचर खातिर विकल्प देखाई दिही। कंपनी के कहनाम बा कि व्हाट्सएप चैनल्स ऐप के भीतर एकतरफा ब्रॉडकास्ट टूल ह। एकरा अलावे फोटो अवुरी वीडियो अपलोड करे खातीर एगो आइकन भी स्टेटस में उपलब्ध होई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.