[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: कैंट आ नकहा रेलवे स्टेशन से चलावल जाई लोकल ट्रेन, गोरखपुर जंक्शन पs कम होई ट्रेनन के भार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: पूर्वोत्तर रेलवे के लोकल रूट पs चले वाला ट्रेन गोरखपुर जंक्शन के जगे अब कैंट आ नकहा स्टेशन से चलावल जाई। गोरखपुर जंक्शन से चले वाला नरकटियागंज, छपरा ,वाराणसी, नौतनवा, बढ़नी, गोंडा रूट के ट्रेन गोरखपुर कैंट आ नकहा स्टेशन से चली। अब पूर्वोत्तर रेलवे के लोकल रूट पs चले वाला पैसेंजर, इंटरसिटी, डेमू, मेंमू ट्रेन लेट ना होई।

रेलवे सुरू कइलस ट्रेनन के संचालन के तइयारी

मुख्यालय गोरखपुर के प्रस्ताव पs लखनऊ आ वाराणसी मंडल प्रशासन कैंट आ नकहा से लोकल ट्रेनन के संचालित करे के तइयारी सुरूओ कs देले बा। एकरा हो गइला से ट्रेनन के संचालन बेहतर होखला के संगे-संगे नाया व्यवस्था से गोरखपुर जंक्शन पs ट्रेनन के भारो कम होई।

कैंट स्टेशन के सेटेलाइट स्टेशन के रूप में कइल जा रहल बा विकसित

पूर्वोत्तर रेलवे गोरखपुर स्टेशन पs ट्रेनन के भार कम करे खातिर आ कैंट स्टेशन के सेटेलाइट स्टेशन के रूप में विकसित करे खातिर अब लोकल ट्रेनन के संचालन गोरखपुर के कैंट आ नकहा स्टेशन से सुरू करे जा रहल बा। गोरखपुर के कैंट स्टेशन के सेटेलाइट स्टेशन के रूप में विकसित कइल जा रहल बा। एह स्टेशन पs 5 प्लेटफॉर्म तइयार कइल जा रहल बा। नाया भवन विश्रामालय, आ फुट ओवर ब्रिजो बन रहल बा आ 60% से बेसी काम पूरा हो चुकल बा। बाकी कामन खातिर कार्यों रेलवे बोर्ड साढ़े दस करोड़ रुपिया आउर देले बा।

ट्रेनन के आवागमन होई आसान

पहिला चरण में कैंट स्टेशन से नरकटियागंज रूट आ नकहा स्टेशन से नौतनवा रूट पs चले वाली पैसेंजर ट्रेनन के संचालन करे के योजना रेलवे ने बनवले बा। कैंट आ नकहा स्टेशन पs कोचन में पानी भरे के व्यवस्था के संगे-संगे कोच वाटरिंग सिस्टम के निर्माण आ प्लेटफार्म के दुरुस्त करे के काम सुरू हो चुकल बा। पूर्वोत्तर रेलवे गोरखपुर के डोमिनगढ़ स्टेशन से कुसम्ही स्टेशन तक लगभग 25 किलोमीटर लमहर तीसरका रेल लाइन के काम तेजी से करा रहल बा। दिसंबर 2023 तक तीसरका लाइन बन गइला के बाद ट्रेनन के आवागमन आउर आसान हो जाई।

गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs 10 प्लेटफार्म होखला के बावजूद अक्सर ट्रेनन के प्लेटफार्म ना मिल पावेला, जवना से यात्रियन के बहुते दिक्कतन के सामना करे के पड़ेला। गोरखपुर के कैंट रेलवे स्टेशन आ नकहा रेलवे स्टेशन पs लोकल ट्रेनन के संचालन होखला से गोरखपुर जंक्शन पs ट्रेनन के भार कम हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]