[the_ad_group id="30365"]

JEE main 2024: अब एनटीए नाहीं कराइ जेईई मेन एग्जाम! एह नया बोर्ड के दिहल गइल इ जिम्मेदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर रउरा जेईई परीक्षा के तइयारी में व्यस्त बानी तs ई खबर रउरा खातिर काम के बा। बता दीं कि अब एनटीए जेईई मेन्स के परीक्षा के जिम्मेदारी ना ली। शिक्षा मंत्रालय अपना जिम्मेवारी खातिर एगो नया बोर्ड के गठन कइले बा। अब ई बोर्ड खुद आईआईटी आ एनआईटी में नामांकन खातिर प्रवेश परीक्षा करी। एह बोर्ड के नाम जेईई एपेक्स बोर्ड (जेएबी) बा। जेईई मेन परीक्षा करावे के जिम्मेवारी एह बोर्ड के सौंपल गइल बा। एह बोर्ड के अध्यक्ष बीएचयू के कुलपति प्रो. एस.के.के जैन के बनावल गइल बा।

इहे हवे मेंबर

बता दी कि एकरा अलावे इ बोर्ड… आईआईटी बॉम्बे, आईआईटी गुवाहाटी, आईआईआईटी लखनऊ, आईआईटी मद्रास, एनआईटी राउरकेला, एनआईटी सुरतकल, आईआईआईटी हैदराबाद, आईआईटीएम ग्वालियर के डायरेक्टर, मध्य प्रदेश, असम, मणिपुर, महाराष्ट्र, यूपी, पंजाब इंजीनियरिंग कॉलेज, सीबीएसई के चेयरमैन, एनआईसी, एनटीए आ सी-डैक के डायरेक्टर जनरल आ एमओई के एडिशनल सेक्रेटरी अउरी ज्वाइंट सेक्रेटरी के मेंबर बनावल गइल।

पहिला चरण के परीक्षा कब होई?

जेईई मेन परीक्षा के कार्यक्रम जारी कs दिहल गइल बा। एकर पहिला चरण के परीक्षा 24 जनवरी से 1 फरवरी 2024 तक होई। जबकि रिजल्ट 22 से 24 फरवरी 2024 तक जारी होई। पहिला सत्र खातिर आवेदन के प्रक्रिया जल्दिए शुरू हो जाई। दूसरा चरण के जेईई मेन अप्रैल के परीक्षा 1 से 15 अप्रैल के बीच होखे वाला बा। एकर रिजल्ट 8 से 11 मई 2024 तक जारी होई। ध्यान रहे कि परीक्षा ऑनलाइन होई। 32 एनआईटी, 26 आईआईआईटी आदि में नामांकन जेईई मेन स्कोर के आधार पर होई। बता दीं कि जेईई मेन में लगभग 12 लाख छात्र आवेला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]