[the_ad_group id="30365"]

जेपीयू के शिक्षकन के लम्बित वेतन पs संघ नाराज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय पीजी शिक्षक संघ शिक्षकन के वेतन भुगतान में हो रहल विलंब के लेके नाराजगी जतवले बा। शिक्षक संघ के सचिव डॉ महेंद्र सिंह बतवले कि पिछिला मार्च माह से शिक्षकन के वेतन नइखे मिलल। एह में हो रहल विलंब के एगो बड़ कारण विश्वविद्यालय प्रशासन के लापरवाही बा। संगही एमे राज्य सरकारो के दोषी बा। समय पs उपयोगिता प्रमाण पत्र देहल विश्वविद्यालय प्रशासन के जिम्मेदारी हs, बाकिर विश्वविद्यालय प्रशासन के लापरवाही के सजा शिक्षकन के भुगते के पड़ रहल बा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय पीजी शिक्षक संघ के अध्यक्ष डॉ सिद्धार्थ शंकर बतवले कि ई समय शिक्षकन खातिर बहुत कठिन होला। शादी बियाह से लेके बच्चन के फीस इत्यादि के जरूरी जिम्मेदारी ओह लो के ऊपर होला। अइसन इस्थिति में पिछिला 3 महीना से वेतन ना मिलल बहुते कष्टकर बा।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]