[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रपति चुनाव 18 जुलाई के, 21 तारीख तक नतीजा; जानीं समूचा प्रक्रिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

President Election News: राष्ट्रपति चुनाव के शंखनाद निर्वाचन आयोग कs देले बा। देश के नया राष्ट्रपति के चुनाव 18 जुलाई के होई, जेमे 4,809 वोट डालल जाई। जरूरी होखला पs 21 जुलाई के मतन के गिनती कइल जाई। दिल्ली के विज्ञान भवन में मीडिया से बात करत चुनाव आयोग तारीखन के ऐलान कइलस। आयोग बतवलस कि 15 जून से अधिसूचना लागू होई आ 29 जून तक नामांकन करे के तारीख रही। 30 जून तक एकर स्क्रूटनी होई आ उम्मीदवार 2 जुलाई तक आपन नामांकन वापस कs सकी लो।

मवजूदा राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के कार्यकाल 24 जुलाई के समाप्त हो रहल बा आ नाया राष्ट्रपति के 25 जुलाई तक शपथ लेहल जरूरी बा। अइसन में ई जरूरी रहे कि नया राष्ट्रपति के चुनाव 24 जुलाई तक हो जाव। चुनाव आयोग तारीखन के ऐलान करत एह बात के ध्यान रखले बा। बता दीं कि 2017 में 17 जुलाई के राष्ट्रपति पद के चुनाव भइल रहे, जेमे रामनाथ कोविंद के चुनल गइल रहे। तब एनडीए के कैंडिडेट रहल रामनाथ कोविंद के लमसम 65 फीसदी मत हासिल भइल रहे। अबकियो बेर एनडीए आसानी से जीते के इस्थिति में बा। हालांकि अब तक सरकार भा विपक्ष कावर से कैंडिडेट के ऐलान नइखे भइल।

कइसे होला राष्ट्रपति चुनाव, एगो MP आ विधायक के वोट के केतना बा कीमत

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार बतवले कि वोट देवे खातिर 1,2,3 लिखके पसंद जाहिर करे के होई। जदि वोट देवे वाला सांसद आ विधायक पहिल पसंद ना दीही लो तs फेर वोट के रद्द मानल जाई। राष्ट्रपति चुनाव में कुल 4,809 वोट होई। कुल वोटन के मूल्य 10 लाख 98 हजार 803 होई। एह चुनाव में लोकसभा आ राज्यसभा के सांसद मतदान करी लोग। एकरा आलावे विधानसभा के सदस्य मतदान कs सकी लो। मतदान में लोकसभा आ राज्यसभा के 776 सांसद आ 4,120 विधायक हिस्सा ली लो।

कइसे होला राष्ट्रपति के चुनाव?

भारत में राष्ट्रपति के चुनाव इलेक्टोरल कॉलेज सिस्टम के माध्यम से होला, जेमे सांसद आ विधायक मतदान करे ला लो। चुनाव आयोग के देखरेख में ई पूरा प्रक्रिया होला। अब सवाल ई कि का होला इलेक्टोरल कॉलेज? ई ऊपरी आ निचला सदन के चुनल गइल सदस्यन से मिलके बनेला। संगही एमे राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के विधानसभा के चुनल सदस्य शामिल होला लो। आंकड़न के लिहाज से बात कइल जाव, तs एह चुनाव में 4 हजार 896 मतदाता होइहे। एमे 543 लोकसभा आ 233 राज्यसभा सांसद, सब राज्यन के 4 हजार 120 विधायक शामिल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]