[the_ad_group id="30365"]

Jaunpur Road Accident : छत्तीसगढ़ के दर्शनार्थियन से भरल बस ट्रेलर से टकराइल, चार के मौत; नव घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Jaunpur Road Accident: जौनपुर जिला के लाइन बाजार थाना क्षेत्र के सीहीपुर में अतवार के रात भीषण सड़क हादसा भइल। श्रद्धालुअन से भरल बस ट्रेलर से टकरा गइल। हादसा में अब तक चार श्रद्धालुअन के मौत हो गइल बा। जबकि नव लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। सब श्रद्धालु छत्तीसगढ़ के निवासी बा लोग।

कइसे भइल हादसा

छत्तीसगढ़ से 50 श्रद्धालुअन से भरल बस अयोध्या गइल रहे। अयोध्या दर्शन कइला के बाद सब श्रद्धालु वाराणसी श्री काशी विश्वनाथ के दर्शन खातिर जात रहे लो। भोर में करीब तीन बजे बस लाइन बाजार थाना क्षेत्र के सीहीपुर में पहुंचल रहे। जहां ट्रेलर के ओवरटेक करे के चक्कर में बस टकरा गइल।

टक्कर के बाद मचल चीख- पुकार

हादसा एतना भीषण रहे कि टक्कर के बाद मवका पs चीख- पुकार मच गइल। सूचना पs पहुंचल पुलिस एंबुलेंस से सब श्रद्धालुअन के जिला अस्पताल पहुंचावल। जहां चिकित्सक लोग चार श्रद्धालुअन के मृत घोषित कs दिहल। जबकि आउर श्रद्धालुअन के इलाज जारी बा।

एह लोगन के भइल मौत

आशा भावल (40), रेखा बर्निक (55), गुलाब साहू (27) आ ड्राइवर दीपक (40)

ई लोग बा घायल

सुधा मंडल निवासी पीवी-18 थाना गोंडा जिला कांकेर, लखन दास निवासी पीवी-18 थाना गोंडा जिला कांकेर, वीरेंद्र मंडल निवासी पीवी-3 थाना गोंडा हूर जिला कांकेर, सोमेश साहू निवासी ढाबा जिला राजनाथ गांव छत्तीसगढ़ सहित छव श्रद्धालु गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग।

का कहत बा लोग पुलिस अधिकारी

एसपी जौनपुर डॉक्टर कौस्तुभ के मोताबिक हादसा में चार श्रद्धालुअन के मौत भइल बा। सब केहू छत्तीसगढ़ के रहे वाला बा। जबकि नव लोग घायल बा। जेकर इलाज कइल जा रहल बा। ममिला के छानबीन कइल जा रहल बा

Read Also: Bihar Election से पहिले तेजस्वी यादव के बड़ एलान, कहलें- सरकार बनल तs बढ़ी एंबुलेंस कर्मियन के मानदेय

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]