[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election से पहिले तेजस्वी यादव के बड़ एलान, कहलें- सरकार बनल तs बढ़ी एंबुलेंस कर्मियन के मानदेय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। राजद के चिकित्सा प्रकोष्ठ अतवार के बापू सभागार में डाक्टर संवाद के आयोजन कइलस। एमे नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहलें कि हमनी के सरकार बनल तs 102 एंबुलेंस कर्मियन के मानदेय के संगे डाक्टर, तकनीशियनआ फिजियोथेरेपिस्ट के सुविधा बढ़ी।

जब हमनी के 17 माह तक सरकार में रहनी सs तs पब्लिक हेल्थ कैडर बनवले रहनी सs। एकरा माध्यम से डेढ़ लाख लोगन के सरकारी नौकरी देवे के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल रहल। हमनी के डेढ़ लाख कैडर में लैब तकनीशियन, एएनएम, जीएनएम, एक्स-रे तकनीशियन आ आउर पदन पs नौकरी के रास्ता दिखवले रहे।

राज्य सरकार एकरा पs अमल ना कइलस। 102 एंबुलेंस सेवा के पेमेंट हमनी के सरकार अइला पs 320 से बढ़ाके 540 रुपिया कइल जाई। महंगाई दर के अनुसार मानदेय बढ़त रही। हमनी के मिशन 60 आ मिशन बुनियाद के तहत स्वास्थ्य बेवस्था के सुधारे के दिशा में काम कइनी सs। उ पूर्णिया मेडिकल काॅलेज में रात में छापेमारी के बयां करत कहलें कि खाली पूर्णिया ना, बलुक पटना सहित पूरा राज्य में मेडिकल बेवस्था के वर्तमान मंत्री पूरा तरे से चौपट कs देलें बाडें।

प्रदेश में शिक्षा बेवस्था चौपट: तेजस्वी

सरकार पs आक्षेप लगावत राजद नेता तेजस्वी यादव बिहार के शिक्षा बेवस्था के चौपट बतवले बाड़ें। अतवार के राजद के प्रदेश कार्यालय में “वैचारिकी स्मारिका-2025” के विमोचन करत उ शिक्षकन से बिहार में बदलाव ले आवे खातिर आगे आवे के आह्वान कइलें।

उ कहलें कि जवना तरे से शिक्षा बेवस्था चौपट हो गइल बा, नया पीढ़ी के भविष्य खराब हो रहल बा। आरोप लगवलें कि बिहार में ई पहिला सरकार हs, जवन शिक्षकन आ छात्रन, दूनो के, प्रताड़ित कs रहल बा।

वैचारिकी के संपादन-प्रकाशन राजद के शिक्षक प्रकोष्ठ के ओर से गइल बा। एकर उद्देश्य विधानसभा चुनाव के क्रम में छात्रन आ शिक्षकन के संगे बुद्धिजीवियन के बीच राजद के सुरुचिकर छवि बनावल बा। शिक्षक प्रकोष्ठ के प्रदेश अध्यक्ष कुमर राय के अध्यक्षता वाला समारोह में प्रकोष्ठ के पदाधिकारियन आ वरिष्ठ नेता लोगन के उपस्थिति रहल।

Read Also: Share Market : बीतल हफ्ता के तेजी के बाद बाजार के सपाट सुरुआत; सेंसेक्स में मामूली गिरावट, निफ्टी 25100 के नीचे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]