Bihar News : नीतीश कुमार सरकार के बड़ एलान; वृद्ध, दिव्यांग के संगे विधवा महिला लोगन के पेंशन बढ़ाके 1100 कइल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहारवासियन खातिर बड़ एलान कइले बाड़ें। सीएम नीतीश कुमार सामाजिक सुरक्षा पेंशन योजना के राशि में इजाफा करे के घोषणा कइले बाड़ें। सीएम सोशल मीडिया पs

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहारवासियन खातिर बड़ एलान कइले बाड़ें। सीएम नीतीश कुमार सामाजिक सुरक्षा पेंशन योजना के राशि में इजाफा करे के घोषणा कइले बाड़ें। सीएम सोशल मीडिया पs लिखलस कि हमनी के बतावत खुसी हो रहल बा कि सामाजिक सुरक्षा पेंशन योजना के तहत सब वृद्धजन, दिव्यांगजन आ विधवा महिला लोगन के अब हर महीना 400 रुपिया के जगह 1100 रुपिया पेंशन मिली। सब लाभार्थियन के जुलाई महीना से पेंशन बढ़ल दर पs मिली।

एतना लाभार्थियन के मिली मदद

सीएम नीतीश कुमार कहलें कि सब लाभार्थियन के खाता में ई राशि महीमा के 10 तारीख के भेजल सुनिश्चित कइल जाई। एकरा से एक करोड़ 9 लाख 69 हजार 255 लाभार्थियन के बहुत मदद मिली। उ कहलें कि वृद्धजन समाज के अनमोल हिस्सा बा आ ओह लोगन के सम्मानजनक जीवन-यापन सुनिश्चित कइल हमनी के सर्वोच्च प्राथमिकता बा। राज्य सरकार एह दिशा में निरंतर प्रयत्नशील रही।

तेजस्वी 1500 रुपिया करे के बात कहले बाड़ें

एह ममिला के लेके लगातार तेजस्वी यादव सीएम नीतीश कुमार कर घेरत रहल बाड़े। विधानसभा बजट सत्र के दौरान तेजस्वी यादव कहले रहस कि हमनी के चाहत बानी सs सरकार बजट में वृद्धा पेंशन, दिव्यांगन खातिर पेंशन के 400 रुपिया से बढ़वलस। पिछला 20 साल में सीएम नीतीश कुमार एह 400 रुपिया के राशि नइखे बढ़वले। महंगाई एतना बढ़ गइल बा, बाकिर सरकार गरीब बुजुर्गन के मिले वाली राशि में बदन्ती नइखे भइल। तेजस्वी यादव कहलें कि सीएम नीतीश कुमार के भारत सरकार के डाटा पढ़े के चाहीं।

Read Also: DGCA के एअर इंडिया पs बड़ एक्शन, एअरलाइन के तीन अफसरन के हटावे के आदेस; 10 दिन में देवे के होई रिपोर्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.