[the_ad_group id="30365"]

Jasmine Bhasin: जैस्मीन भसीन के कॉर्निया क्षतिग्रस्त, अभिनेत्री कुछ ना देख पवली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीवी अभिनेत्री जैस्मीन भसीन एगो हादसा के शिकार हो गइल बाड़ी। कॉन्टैक्ट लेंस के चलते अभिनेत्री के कॉर्निया खराब हो गइल बा, जवना के चलते उनका कुछूओ नइखे देखाइ देता।

छोट परदा के मशहूर अभिनेत्री जैस्मीन भसीन के बारे में एगो बड़ जानकारी सामने आइल बा। अभिनेत्री के आंख में चोट लागल बा जवना के चलते उनका कुछूओ देखाई नइखे देता। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक अभिनेत्री के कॉर्निया दिल्ली में एगो इवेंट खातीर जवन कॉन्टैक्ट लेंस पहिनले रहली ओकरा चलते उनकर कॉर्निया खराब हो गइल। डॉक्टर आराम करे के सलाह देले बाड़े आ दुनो आंख पs पट्टी बांध देले बाड़े।

 

दिल्ली में कार्यक्रम में भाग लेले रहली

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक ऊ एगो कार्यक्रम में शामिल होखे खातीर कॉन्टैक्ट लेंस पहिन के नई दिल्ली गइल रहली। तब से ऊ आंख के समस्या से ग्रस्त होखे लागल बाड़े। खबर के मुताबिक एक समय उनकर दर्द एतना बढ़ गइल कि उनका कुछूओ देखाई ना देलस।

कॉर्निया क्षतिग्रस्त हो गइल बा

आँख विशेषज्ञ के जांच के बाद उनका के बतवले कि उनकर कॉर्निया खराब हो गइल बा। खबर के मुताबिक डॉक्टर अभिनेत्री के इलाज कs के आंख पs पट्टी बांध देले। एकरा बाद जैस्मीन आँख के इलाज करावे मुंबई चल गइली। जानकारी के मुताबिक अगिला चार-पांच दिन में अभिनेत्री के ठीक होखे के उम्मेद बा, बाकी ए दौरान उनका आंख के खास ध्यान राखे के होई।

एह पंजाबी फिलिम में देखल जाई

जैस्मीन ‘टशन-ए-इश्क’ आ ‘दिल से दिल तक’ जइसन टीवी शो में अपना अभिनय खातिर जानल जाली। जल्दिए उनका के पंजाबी फिल्म ‘अरदास सरबत दे भले दी’ में देखल जाई। एह फिलिम में अभिनेता ग्रिप्पी ग्रेवाल भी मुख्य भूमिका में बाड़े। एह साल सितंबर में रिलीज होखे वाला बा। गिप्पी एकर निर्देशन भी कइले बाड़न।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]