[the_ad_group id="30365"]

बिहार में फेरु जंगलराज के आहट! अवैध बालू से लदल ट्रैक्टर पुलिस टीम के कुचलस,दरोगा के मउत, एगो जवान के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जमुई : बिहार के जमुई से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा, जवना के चलते लोग के आशंका होखे लागल बा कि का इs जंगल राज के वापसी के संकेत ह? दरअसल मंगल के सबेरे जमुई जिला के गढ़ी थाना क्षेत्र के तहत रोपवेल गांव के नजदीक अवैध बालू लेके जात एगो तेज रफ्तार ट्रैक्टर गढ़ी थाना के पुलिस टीम के कुचल दिहलस अवुरी आरोपी फरार हो गईले।

इंस्पेक्टर के मउत, एगो जवान घायल

एह घटना में एगो इंस्पेक्टर प्रभात रंजन के मउत हो गइल बा आ एगो होमगार्ड के जवान बहुते घवाहिल हो गइल बा। घायल होमगार्ड जवान के जमुई के एगो निजी क्लिनिक में इलाज चलता। एसपी डॉ शौर्य सुमन, डीएसपी, एसडीपीओ अवुरी पुलिस के शीर्ष अधिकारी अवुरी जवान सदर अस्पताल पहुंचल बाड़े।

पूरा मामिला का बा?

गढ़ी थाना के जानकारी मिलल रहे कि बालू माफिया के ओर से अवैध बालू के तस्करी होखता। जानकारी के बाद गढ़ी थाना के पुलिस टीम अवैध बालू से भरल ट्रैक्टर के पकड़े खातीर रोपावेल गांव गईल।एही बीच तेज रफ्तार ट्रैक्टर पुलिसकर्मी के कुचलत भाग गईल। ए घटना में इंस्पेक्टर प्रभात रंजन अवुरी एगो होमगार्ड जवान घाही हो गईले।

सदर अस्पताल ले आवत घरी इंस्पेक्टर प्रभात रंजन के मौत हो गइल। जबकि होमगार्ड जवान के हालत गंभीर बनल बा। फिलहाल अवैध बालू ट्रैक्टर फरार बा अवुरी एकर पहचान हो गईल बा। एह मामिला पs अबहीं ले शीर्ष अधिकारी चुप बाड़े।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]