[the_ad_group id="30365"]

मुजफ्फरनगर में दर्दनाक सड़क हादसा, ट्रक में घुसल कार, दिल्ली से हरिद्वार जा रहल 6 दोस्तन के मउका पs मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मंगलवार के सबेरे यूपी के मुजफ्फरनगर में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। दिल्ली-देहरादून राष्ट्रीय राजमार्ग-58 पs भईल ए दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो गईल। दुर्घटना तब भइल जब दिल्ली के शाहदरा निवासी छह गो नवही सियाज कार से हरिद्वार जात रहले। मंगलवार के सबेरे चार बजे जसही कार मुजफ्फरनगर के रामपुर तिराहा पहुंचल, तेज रफ्तार के चलते हाईवे तिराहा पs खड़ा 22 ट्रक के नीचे आ गईल। टक्कर एतना भयानक रहे कि पूरा गाड़ी ट्रक के नीचे दब गईल। ए दुर्घटना में कार में सवार 6 लोगन के मउका पs मउत हो गईल।

क्रेन के मदद से गाड़ी के बाहर निकालल गईल

पुलिस अवुरी बचावकर्मी क्रेन के मदद से मउका पs पहुंचले अवुरी ट्रक के नीचे फंसल लाश के निकाल के सभ मरेवाला के लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल। सूचना देत मउका पs पहुंचल सीओ सदर विनय गौतम बतवले कि आजु दिनांक 14.11.2023 के करीब 4 बजे छपार थाना के शाहपुर कट एनएच 58 पs भईल सड़क दुर्घटना के जानकारी मिलल। जानकारी मिलला पs इलाका अधिकारी सदर अवुरी थाना प्रभारी छपर तुरंत मउका पs पहुंचले अवुरी मौका के निरीक्षण कईले तs पाता चलल कि 01 सियाज कार बेकाबू होके मुजफ्फरनगर से हरिद्वार के ओर जात 01 ट्रक में पीछे से टकरा गईल, जवना में सवार लोग के कार के मउत हो गईल। 6 लोगन के मौका पs मौत हो गईल।

इs सभ दिल्ली के शाहदरा निवासी रहले।छपार थाना मरेवाला के परिजन के जानकारी देके शवन के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस अवुरी क्षतिग्रस्त गाड़ी के मउका से निकाल के यातायात के सुचारू रूप से चलावल गईल। फिलहाल मउका पs कानून व्यवस्था के स्थिति सामान्य बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]