[the_ad_group id="30365"]

संतकबीर नगर में सेब खाके दुगो सगी बहिन के बिगड़ल तबीयत, एक के मौत- दूसरका गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेंहदावल क्षेत्र के गोविंदपुर मईला गांव में सेब खइला के बाद अचानक दुगो सगी बहिन के तबीयत बिगड़ गइल। घर में हड़कंप मच गइल। परिजन आनन-फानन में बच्चियन के मेंहदावल सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र लेके गइल लो, जहां उपचार में दौरान एक के मौत हो गइल।

ओहिजा, दूसरका बहिन के हालत नाजुक होखला पs ओकरा के उपचार खातिर गोरखपुर मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल। पुलिस मृतक बच्ची के शव कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देले रहे। मेंहदावल थाना क्षेत्र के गोविंदपुर मईला निवासी शेखर यादव के दुनो पुत्री मनीता यादव (19) व संगीता यादव(8) सोमार के उपवास रखले रहे लो।

देर रात 10 बजे गांव के लगे इस्थित बाराखाल चौराहा से सेब लेके खाइल लो। एकरा बाद दुनो बहिन सुते चल गइल लो। कुछे देर बाद दुनो के इस्थिति बहुते बिगड़े लागल। सीना आ पेट में दरद आ गला में दरद के शिकायत परिवार के लोगन से कइल लो। दुनो के मेंहदावल सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गइल।

जहवां पs छोट बेटी संगीता यादव के चिकित्सक लोग मृत घोषित कs दिहल। मनीता के जिला अस्पताल खातिर रेफर कs दिहल गइल। जिला अस्पताल में इस्थिति गंभीर देखके गोरखपुर मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल।

पिता शेखर यादव आ परिजन लोग बच्चियन के व्रत के जिकिर करत बतावल की लईकी खाके सोने चल गइल रहे। रात में अचानक पेट दरद के शिकायत कइल आ तब हमनी लोग दुनो बच्चियन के लेके सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पहुंचल लो, जहां छोट बेटी संगीता के डॉक्टर मृत घोषित कs दिहल लो। जबकि दूसरका बेटी के इलाज गोरखपुर में चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]