Bihar Police: वेतन खातिर हाथ जोड़त रहे वाली महिला, सिपाही के पिटाई के मामला में नया मोड़, आरोप लगावे वाला सिपाही सवाल के घेरा में

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 22, 2024

बिहार के कल्याणपुर थाना में तैनात 2018 बैच के निलंबित महिला सिपाही लाइन डीएसपी पs मारपीट के गंभीर आरोप लगवले बिया। महिला सिपाही के आरोप बा कि अनुशासनहीनता के आरोप में उनकर वेतन रोकल गइल

Share

बिहार के कल्याणपुर थाना में तैनात 2018 बैच के निलंबित महिला सिपाही लाइन डीएसपी पs मारपीट के गंभीर आरोप लगवले बिया। महिला सिपाही के आरोप बा कि अनुशासनहीनता के आरोप में उनकर वेतन रोकल गइल रहे आ ई घटना सीसीटीवी में कैद भइल होई। फिलहाल महिला सिपाही के सदर अस्पताल में इलाज चलता।

बिहार पुलिस के एगो महिला सिपाही के पिटाई के मामला में एगो नाया मोड़ आइल बा। नगर थाना में महिला सिपाही के खिलाफ पुलिस के ओर से प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। ए मामला में महिला सिपाही पs भी आरोप लगावल गइल बा। महिला सिपाही पूनम कुमारी पहिले बतवली कि पहिले ड्यूटी के दौरान उनका संगे मारपीट भइल रहे। फिलहाल महिला सिपाही निलंबन में बाड़ी। ई महिला सिपाही पूनम कुमारी 2018 बैच के हई। उनका के दु साल पहिले थाना से निलंबित कs दिहल गइल रहे। उनका पs अपना काम में लापरवाही के आरोप लागल

अब का भइल बा

एगो न्यूज पोर्टल के मुताबिक ए मामला में सदर के डीएसपी शिखा चौधरी पूरा घटना के लेके टाउन थाना में प्राथमिकी दर्ज करावत बतवली। पहिले भी काम में अनुशासनहीनता आ लापरवाही के चलते उनकर वेतन बंद हो गइल रहे। पूरा घटना के लेके सीसीटीवी के भी जांच कइल जाता। ई बात सोझा आइल बा कि महिला सिपाही पूनम मानसिक रूप से असंतुलित रहली आ अब एकरा बारे में भी जांच खातीर चिट्ठी लिखल गइबा।

इ पूरा मामला महिला सिपाही से जुड़ल बा

मोतिहारी पुलिस लाइन में निलंबित महिला सिपाही डीएसपी पs मारपीट के गंभीर आरोप लगवले बिया। 2018 बैच के महिला सिपाही पूनम कुमारी के 2022 में ड्यूटी के लापरवाही के आरोप में कल्याणपुर थाना से निलंबित क दिहल गइल रहे। उनकरा आरोप बा कि वेतन ना देवे के शिकायत पs उनका के पुलिस लाइन पs बोलावल गइल, जहां डीएसपी, इंस्पेक्टर, इंस्पेक्टर आ सिपाही मिल के उनकर पिटाई कइले। महिला सिपाही पूनम कुमारी बतवली कि साल 2021 से उनु

कर वेतन बंद हो गइल रहे। ऊ वेतन खातीर कई बेर पुलिस लाइन से संपर्क कइली। आज पुलिस लाइन से फोन आइल कि डीएसपी सर फोन करत रहले। वर्दी पहिन के आ जा। उहाँ पहुंचला पs डीएसपी, इंस्पेक्टर, इंस्पेक्टर आ सिपाही मिल के उनका के पीट देले। ऊ कहली कि, ‘पूरी घटना के सीसीटीवी में कैद कइल होई।’ ए घटना के बाद पूनम कुमारी के इलाज खातीर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। उनका चेहरा पs चोट के निशान बा। महिला सिपाही के ई बयान नीचे सुनीं

डीएसपी सदर कहले – ई आरोप गलत बा

हालांकि डीएसपी सदर शिखर चौधरी महिला सिपाही के आरोप के निराधार बतवले बाड़े। ऊ कहले कि एगो महिला सिपाही के एगो वीडियो वायरल होखता, जवना में ऊ पुलिस जवान पs मारपीट के आरोप लगावत बाड़ी, जवन कि बिल्कुल गलत बा। ऊ बतवले कि काम में लापरवाही अउरी अनुशासनहीनता के चलते महिला सिपाही के वेतन बंद हो गइल। शिखर चौधरी आगे बतवले कि मामला के जांच एगो महिला प्रशिक्षु डीएसपी करतिया। ए मामला में शहर थाना में मामला दर्ज भइल बा। सीसीटीवी फुटेज के जाँच कइल जा रहल बा। ए घटना के जानकारी मिलला पs एसपी कांतेश कुमार मिश्रा ए मामला के जांच महिला डीएसपी (प्रशिक्षु) के सौंप देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.