नीट यूजी के संशोधित रिजल्ट अइले के बाद 17 गो लईका कइले टॉप, ईहां जानीं नाम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2024

  एनटीए एक बेर फेरु से नीट यूजी 2024 के रिजल्ट घोषित कs दिहले बा. सुप्रीम कोर्ट के फैसला के बाद एनटीए इs नतीजा वापस दे देले बा। सुप्रीम कोर्ट नीट परीक्षा में पूछल गइल

Share

 

एनटीए एक बेर फेरु से नीट यूजी 2024 के रिजल्ट घोषित कs दिहले बा. सुप्रीम कोर्ट के फैसला के बाद एनटीए इs नतीजा वापस दे देले बा। सुप्रीम कोर्ट नीट परीक्षा में पूछल गइल फिजिक्स के विवादित सवाल के चउथा विकल्प के सही मानत नया मेरिट लिस्ट जारी करे के आदेश दिहले रहुवे. बता दीं कि एह सवाल पs लइकन के ग्रेस मार्क मिलल काहे कि 2 गो विकल्प सही मानल जात रहे. बाकिर सुनवाई में आखिरकार कोर्ट चउथा सवाल के सही घोषित कs देलस। अब विवादित सवाल के चउथा विकल्प ना चुने वाला लोग के अंक कम हो गईल बा, एहीसे बच्चा के रैंक में अंतर बा अवुरी टॉपर के संख्या में भी कमी आईल बा।

एह 17 गो लइकन के 100 पर्सेंटाइल मिलल

पहिले जहां नीट परीक्षा में 67 गो टॉपर रहले, उहें अब सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद ग्रेस मार्क हटावे के बाद 17 छात्र टॉपर बन गईल बाड़े। एनटीए टॉपर के एगो नया लिस्ट जारी कइले बा. एह सूची में दिल्ली के मृदुल मान्या आनंद, यूपी के आयुष नौगरैया, बिहार के मजिन मंजूर, राजस्थान के प्रचिता आ सौरव, दिल्ली के दिव्यांश, पंजाब के गुनमय गर्ग, वेस्ट बंगाल के अग्यादीप दत्ता, महाराष्ट्र के शुभान सेनगुप्त, यूपी के आर्यन यादव, महाराष्ट्र के पंलाशा अग्रवाल, तमिलनाडु के रजनीश पी, केरल के श्रीनंद शामिल, महाराष्ट्र के माणे नेहा कुलदीप, चंडीगढ़ के तैजस सिंह, राजस्थान के देवेश जोशी आ इरमाम काजी। एह सब के 100 परसेंटाइल यानी 720 में से 720 अंक मिलल बा।

साथही यूपी के प्रणव श्रीवास्तव, राजस्थान के गुरशरण सिंह एंगर, बिहार के आयुष कुमार, कर्नाटक के पदनाभ मेनन, दिल्ली के ऋशका अग्रवाल आ महाराष्ट्र के रितेश सुनील थोम्बल के 720 में से 716 अंक मिलल बा.

अधिकतर टॉपर राजस्थान से मिलले

बता दीं कि अब दिल्ली से 3, यूपी से 3, बिहार से 2, राजस्थान से 5, पंजाब से 1, पश्चिम बंगाल से 1, महाराष्ट्र से 4, तमिलनाडु से 1, केरल से 1, चंडीगढ़ से 1, 1 उम्मीदवार कर्नाटक से टॉप कइले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.