[the_ad_group id="30365"]

जडेजा बाहर, चेन्नई टीम के उनफॉलो कइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चेन्नई सुपर किंग्स के अनुभवी ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा पसलियन के चोट के कारण बुध के आईपीएल के बाकी बचल सत्र से बहरी हो गइले। ऊ कुछे दिन पहिले टीम के कप्तानी छोडले रहस। जडेजा के उपलब्ध ना रहला के आधिकारिक कारण चोट के बतावल गइल बा, बाकिर सूत्रण के दावा बा कि उनका के बाहर कइल गइल बा। अइसन लागत बा कि एकरा पाछे के वजे कुछ आउरियो बा। जडेजा इंस्टाग्राम पs सीएसके के फॉलो कइल बन कs देले बाड़े। चेन्नई के सीईओ काशी विश्वनाथन कहले, जडेजा सीएसके के अगिला दू मैच में ना खेलिहे काहेकि उनका पसली में चोट बा। ऊ घरे लवट चुकल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]