[the_ad_group id="30365"]

भारतीय दिग्गज के दमदार कमबैक; लगातार ठोकने चउथा शतक, का टीम इंडिया में होई वापसी?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुजारा इंग्लैंड के काउंटी चैम्पियनशिप के सेकेंड डिविजन में ससेक्स की तरफ से खेल रहल बानें। एह क्लब के ओर से ऊ अब ले 4 मुकाबला में बल्लेबाजी ख़ातिर उतरल बानें अउर हर मैच में उनके बल्ले से शतक निकलल बा। एक दिन पहिले ऊ मिडिलसेक्स के खिलाफ दूसरका पारी में शानदार शतक लगवनें, उहों तब जब उनकर टीम के दूनों ओपनर बिना खाता खोललही पवेलियन लौट गइल रहने। चउथा नंबर पर बल्लेबाजी खातिर उतरल पुजारा अपने अंदाज के उलट आक्रामक बल्लेबाजी कइलें अउर 133 गेंद में काउंटी चैम्पियनशिप में लगातार चउथा शतक ठोक देहनें।

पुजारा खातिर बीतल एक बरिस अच्छा नाइ बीतल रहे. न त टेस्ट अउर न ही घरेलू क्रिकेट में उनके बल्ला से रन आवत रहल। ओनके कौनो फॉर्मेट में शतक लगवले 2 साल से ऊपर हो गइल रहे। अइसन में आपन फॉर्म हासिल करे खातिर टीम इंडिया के दीवार कहे जाए वाले ई खिलाड़ी काउंटी क्रिकेट खेले खातिर इंग्लैंड के रुख कइलें अउर लगातार 4 शतक जड़ के साल भर के पुरान सूखा खत्म कs देहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]