[the_ad_group id="30365"]

Bihar ITI 2024: आज से बिहार आईटीआई प्रवेश खातिर मॉप-अप काउंसलिंग राउंड सुरू, इहां देखीं पूरा शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar ITI 2024: बिहार संयुक्त प्रवेश प्रतियोगी परीक्षा बोर्ड (बीसीईसीईबी) आज, 10 सितंबर से बिहार औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थान प्रतियोगी प्रवेश परीक्षा (आईटीआईसीएटी) 2024 मॉप-अप काउंसलिंग राउंड सुरू कs रहल बा। जे उम्मीदवार बिहार आईटीआईसीएटी-2024 में सम्मिलित भइल रहे लो, ओह लोगन के पिछला ऑनलाइन काउंसलिंग के माध्यम से नामांकित लोग ऑनलाइन बिहार आईटीआई 2024 मॉप-अप काउंसलिंग राउंड में भाग ले सकत बा लो।

बता दीं कि BCECEB आज आधिकारिक वेबसाइट bceceboard.bihar.gov.in पs लिंक सक्रिय करी। उम्मीदवार अपना रोल नंबर आ जन्म तिथि के उपयोग कs के बिहार आईटीआई 2024 मॉप-अप काउंसलिंग राउंड खातिर आवेदन कs सकत बा लो। आधिकारिक अधिसूचना के अनुसार, काउंसलिंग खातिर आवेदन करे के अंतिम तिथि 15 सितंबर बा। जवन अभ्यर्थी पहिला भा दूसरका राउंड के काउंसलिंग में बिहार आईटीआईसीएटी 2024 के माध्यम से कवनो संस्थान में प्रवेश ले लेले बा आ ऊ आपन शाखा भा संस्थान के बदलल चाहत बा, उ होउम्मीदवार मॉप-अप काउंसलिंग राउंड खातिर आवेदन कs सकत बा।

मॉप-अप काउंसलिंग कार्यक्रम

बिहार आईटीआई 2024 मॉप-अप काउंसलिंग राउंड के शेड्यूल नीचे दिहल गइल बा।

घटनाक्रम तिथि
ऑनलाइन मॉप-अप काउंसलिंग सुरू 10 सितंबर
ऑनलाइन मॉप-अप काउंसलिंग समाप्त 15 सितंबर
परामर्श सूची के प्रकाशन 18 सितंबर
ऑफलाइन काउंसलिंग सुरू 21 सितंबर

 

मॉप-अप काउंसलिंग में आवेदन करे के चरण

  • उम्मीदवार नीचे दिहल गइल चरणन के पालन कs के बिहार आईटीआई 2024 मोप-अप काउंसलिंग राउंड खातिर आवेदन कs सकत बा लो।
  • पहले बीसीईसीईबी बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट beeceboard.bihar.gov.in पs जाईं।
    होमपेज पs “ITICAT-2024 मोप-अप राउंड ऑफलाइन काउंसलिंग” खातिर उपलब्ध लिंक पs क्लिक करीं।
  • आपन बिहार आईटीआईसीएटी 2024 रोल नंबर आ जन्म तिथि दर्ज करीं।
  • आपन मेरिट रैंक कार्ड डाउनलोड करीं आ”इच्छा पर सबमिट करें” बटन पs क्लिक करीं।
  • फॉर्म के प्रिंटआउट लीं, जेमे राउर श्रेणीवार मेरिट रैंक आ विकल्प आईडियो सामिल होई।
  • बिहार आईटीआई 2024 काउंसलिंग पूरा होखे तक प्रिंटआउट सुरक्षित रखीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]