Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इजराइल के एयर स्ट्राइक, गाजा में 35 लोगन के मौत : गाजा के आरोप- रिफ्यूजी शिविर पs भइल हमला, मरे वालन में महिला-बच्चा सामिल

271

गाजा के रिफ्यूजी कैंप पs भइल हवाई हमला में 35 लोगन के अतवार (26 मई) के देर रात मौत हो गइल। मरे वालन में जादेतर लईका आ महिला बा लो। फिलिस्तीनी स्वास्थ्य मंत्रालय के दावा बा कि ई हमला इजराइल कइले बा। हमला में दर्जनन लोग घायलो भइल बा।

CNN के खबर के मोताबिक, गाजा के अधिकारियन आ फिलिस्तीन रेड क्रिसेंट सोसाइटी कहलस कि हमला रिफ्यूजी कैंप पs भइल। अधिकारी लोग बतावल कि इजराइली कब्जा वाला एह क्षेत्रन के सेना सेफ जोन घोषित कइले रहे। बाकिर, जब विस्थापितन के इहां पs रखल गइल तs हमला कइल गइल।

ओहिजा, इजराइल डिफेंस फोर्स (IDF) हमला के पुष्टि कइलस आ कहलें कि उ राफा में हमास कंपाउंड पs हमला कइलस, जेमे कुछ समय पहिले हमास के आतंकवादी काम करत रहलें सs।

IDF इहो कहलस कि हमला के बाद लागल आग के कारण कइयन नागरिकन के नुकसान पहुंचल बा, जवना के जांच कइल जा रहल बा।

एकरा पहिले हमास इजराइल पs दगले रहे मिसाइल 

अतवार (26 मई) के हमास के अल-कासिम बिग्रेड इजराइल के राजधानी तेल अवीव में बड़ मिसाइल हमला कइले रहे। हमास के रक्षा शाखा अल-कासिम बिग्रेड कहले रहे कि इजराइली नरसंहार के जवाब में ई कार्रवाई भइल बा। बाद में इजराइली सेना मनलस कि राफा से आठ रॉकेट दागल गइल रहे।

रॉयटर्स के रिपोर्ट के मोताबिक एकरा के जनवरी के बाद से इजराइल पs हमास के पहिला बड़ हमला मानल जा रहल बा। हमास अल-अक्सा टीवी बतवलस कि रॉकेट हमला गाजा पट्टी से कइल गइल रहे। रिपोर्ट के मोताबिक इजराइली सेना संभावित हमलन के चेतावनी देत कइयन शहरन में सायरन बजवले रहे।

तेल अवीव में 8 रॉकेट से हमला

पिछला पांच महीनन से तेल अवीव में कबो सायरन के आवाज ना सुनल गइल रहे। अइसे में आज अचके सायरन बजला के लेके इजराइली सेना सुरुआत में कवनो खास जानकारी ना देले रहे, बाकिर बाद में ऊ कहले रहे कि आठ रॉकेट हमला कइल गइल रहे।

इजराइली सेना कहले रहे कि राफा से हमला सेंट्रल इजराइल पs कइल गइल रहे। ऊ एमे से कइयन हमलन के रोके में सफल भइल। एह बीच इजराइली इमरजेंसी मेडिकल सर्विस कहले रहे कि ऊ केहू के हताहत होखे के कवनो सूचना ना रहे।

इजराइली सैनिकन के बंधक बनावे के कइले रहे दावा

एकरा पहिले सनीचर के अल-कासिम बिग्रेड इजराइली सेना के गाजा में कइयन इजराइली सैनिकन के बंधक बनावल जाये के दावा कइले रहे। सनीचर के हमास के अल-कासिम ब्रिगेड के प्रवक्ता अबु उबैदा एगो रिकॉर्डेड मैसेज के माध्यम से एकर जानकारी देलें।

हमास के प्रवक्ता उबैदा दावा कइले रहस कि ओकर लड़ाका सनीचर के उत्तरी गाजा के जबालिया में लड़ाई के दौरान कइयन इजराइली सैनिकन के मार डलले बा लो आ कुछ के पकड़ के बंधक बना लेले बा। हालांकि, केतना सैनिकन के अगवा कइल गइल बा, एकर जानकारी नइखे दिहल गइल।

न्यूज एजेंसी रॉयटर्स के मुताबिक, उबैदा कहलें कि हमलन के बीच हमनी के लड़ाका यहूदी फोर्स खातिर एगो सुरंग में जाल बिछावल। जइसही ऊ लोग टनल में दाखिल भइल, हमनी के ओह लोगन पs हमला कs देनी सs। एह दौरान कुछ इजराइली सैनिकन के मौत हो गइल, ओहिजा कइयन सैनिक घायल भइल लो। बाद में बाकी यहूदी फोर्स उहां से पीछे हट गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

843300cookie-checkइजराइल के एयर स्ट्राइक, गाजा में 35 लोगन के मौत : गाजा के आरोप- रिफ्यूजी शिविर पs भइल हमला, मरे वालन में महिला-बच्चा सामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.