[the_ad_group id="30365"]

राम रहीम डेरा मैनेजर रणजीत हत्याकांड में बरी : हाईकोर्ट CBI कोर्ट के फैसला रद्द कइलस; पत्रकार हत्याकांड आ साध्वी रेप केस में जेल में रहिहें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब एंड हरियाणा हाईकोर्ट डेरा सच्चा सौदा चीफ राम रहीम समेत पांच लोगन के डेरा मैनेजर रणजीत सिंह हत्याकांड में बरी कs दिहल गइल बा। राम रहीम समेत पांच आरोपियन के CBI कोर्ट उम्रकैद के सजा देले रहस।

राम रहीम अभी रोहतक के सुनारिया जेल में बंद बा। ओकरा 3 ममिलन में सजा भइल रहे। एमे रणजीत हत्याकांड के अलावा पत्रकार रामचंद्र छत्रपति के हत्या आ साध्वियन के यौन शोषण के केस सामिल बा। पत्रकार के हत्या में ओकरा उम्रकैद आ यौन शोषण के दु केसन में 10-10 साल के कैद भइल रहे। एह केस में बरी होखला के बावजूद राम रहीम के अभी जेले में रहे के होई।

22 साल पहिले हत्या, 19 साल बाद भइल रहे सजा, 3 साल बाद बरी

कुरूक्षेत्र के रहे वाला डेरा के मैनेजर रणजीत सिंह के 10 जुलाई 2002 के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। एकर पुलिस जांच भइल, बाकिर डेरा के क्लीन चिट दे दिहल गइल। रणजीत के परिवार संतुष्ट ना रहे। पुलिस जांच से असंतुष्ट रणजीत सिंह के बेटा जगसीर सिंह जनवरी 2003 में हाईकोर्ट में याचिका दायर कs के सीबीआई जांच के मांग कइल गइल रहे।

हालांकि, सुरुआत में एह ममिला में राम रहीम के नाम ना रहे, बाकिर साल 2003 में जांच सीबीआई के सउपल गइल। फेर 2006 में राम रहीम के ड्राइवर खट्टा सिंह के बयान पs डेरा प्रमुख के सामिल कइल गइल। एह ममिला में 2007 में कोर्ट आरोपियन पs आरोप तय कइले रहे।

19 साल के बाद अक्टूबर 2021 में डेरा मुखी समेत पांच आरोपियन के दोषी करार दिहल गइल रहे। जवना के बाद सीबीआई उम्रकैद के सजा दे देले रहे। सजा मिलला के तीन साल बाद राम रहीम हाईकोर्ट से बरी हो गइल।

रणजीत के समूचा परिवार डेरा से जुड़ल रहे, चिट्‌ठी के बाद इस्तीफा देलें

साल 2002 में रणजीत सिंह डेरा सच्चा सौदा के मैनेजर रहस। रणजीत सिंह कुरुक्षेत्र के रहे वाला रहे। उनकर पूरा परिवार डेरा से जुड़ल रहे। सब कुछ ठीक चलत रहे कि अचानक एगो गुमनाम चिठ्ठी के वजह से डेरा सच्चा सौदा में हंगामा खड़ा हो गइल रहे। ओह गुमनाम खत में एगो साध्वी के यौन शोषण कइल जाये के खुलासा कइले रहे।

चिठ्ठी सामने आवतही डेरा सच्चा सौदा पs सवाल उठे लागल। डेरा में यौन शोषण के आरोप सामने अइला के बाद रणजीत सिंह आहत हो गइलें। एही बात के लेके ऊ डेरा के मैनेजर पद से इस्तीफा दे देले रहे। उनका संगे परिवार के लोग डेरा से अलग हो गइल।

गुमनाम चिट्‌ठी के शक में मारल गइल रहे गोली

रणजीत सिंह के हत्या के ममिला गुमनाम चिट्‌ठी से जुड़ल बा। जेमे डेरा में साध्वियन के यौन शोषण के आरोप लगावल गइल रहे। ई ऊ चिट्‌ठी रहे, जवन तत्कालीन पीएम अटल बिहारी वाजपेयी के भेजल गइल रहे। सीबीआई दावा कइले रहे कि डेरा के शक रहे कि रणजीत अपना बहिन से साध्वियन के यौन शोषण के गुमनाम चिट्‌ठी लिखववले बा।

CBI जांच के बाद कोर्ट में कहले रहे कि राम रहीम के शक रहे कि गुमनाम चिट्‌ठी के रणजीत के हाथ रहे। एह चिट्‌ठी में रणजीत के बहिन के जिकिर रहे। एह चिट्‌ठी के सामने अइला के बाद रणजीत के डेरा बोलावल गइल। जहां ओकरा के गंभीर नतीजा भुगते के चेतावनी दिहल गइल रहे। हालांकि, रणजीत कहलें कि ओकरा एह चिट्‌ठी के पीछे कवनो भूमिका ना रहे। जवना के बाद ओकर हत्या हो गइल।

ई चिट्‌ठी बाद में सिरसा के पत्रकार रामचंद्र छत्रपति अपना अखबार में छपले रहस। जवना के बाद 24 अक्टूबर, 2002 के पत्रकार रामचंद्र छत्रपति पs हमला कs दिहल गइल रहे। एकरा बाद 21 नवंबर, 2002 के दिल्ली के अपोलो अस्पताल में पत्रकार के मौत हो गइल रहे। छत्रपति के हत्या के केसो में राम रहीम उम्रकैद काट रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]