Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इजराइली PM विपक्षी नेता के संगे वॉर कैबिनेट बनवलें: रक्षा मंत्री बोललें- जंग के सारा नियम अब खत्म, गाजा के 180 डिग्री बदल देम 

885

इजराइल-हमास जंग के आज छठा दिन हs। बुध के इजराइल सरकार जंग पs नजर रखे खातिर यूनिटी गवर्नमेंट आ 3 सदस्यीय वॉर कैबिनेट बनवले बिया। नया सरकार में विपक्षी पार्टी के सामिल कइल गइल बा। कैबिनेट में प्रधानमंत्री नेतन्याहू, विपक्षी नेता बेनी गैंट्ज आ मौजूदा डिफेंस मिनिस्टर योव गैलेंट रहिहें।

इजराइली रक्षा मंत्री योव गैलेंट कहलें- हमनी के युद्ध के सारा नियम खत्म कs देले बानी सs। हमनी के सैनिक अब कवनो चीज खातिर जिम्मेदार ना होई। ओह पs मिलिट्री कोर्ट में कवनो केस दर्ज ना होई। हमास गाजा के बदलल चाहता रहे, हमनी के एकरा के 180 डिग्री तक बदल देम सs। ऊ एह बात खातिर हमेशा पछताई लो कि गाजा अब कबो पहिले जइसन ना हो पाई।

बुध के इजराइल रातभर गाजा पs हमला कइलस, जेमे करीब 51 फिलिस्तीनियन के मौत हो गइल। 7 अक्टूबर से सुरू भइल जंग में अब तक 2,327 लोग मारल जा चुकल बा। एमे से करीब 1,200 इजराइली बा। अब तक करीब 1,127 फिलिस्तीनियन जान गंववले बिया।

हमास से लड़े खातिर बिदेश से लवट रहल इजराइली

दूसरका तरफ, दुनियाभर से हजारन इजराइली जंग में सामिल होखे खातिर आपन वतन लवट रहल बा। ग्रीस से लेके न्यूयॉर्क तक एयरपोर्ट पs इजराइलियन के भीड़ बा। इजराइली मीडिया के मोताबिक, सेना रिजर्व सैनिकन के संख्या 3.60 लाख कs  देलस, एहिसे इजराइलियन में घर लवटे खातिर होड़ मचल बा।

का हs यूनिटी गवर्नमेंट आ वॉर कैबिनेट

इजराइल में हमास के खिलाफ वॉर कैबिनेट भा यूनिटी गवर्नमेंट बन गइल बा। अइसन 1973 के बाद पहिला बेर भइल बा। यूनिटी गवर्नमेंट माने अइसन सरकार जेमे सब पार्टी सामिल बाड़ी सs। ई जंग के वक्त बनेला। टाइम्स ऑफ इजराइल के मोताबिक, वॉर कैबिनेट में 3 मेंबर्स बा लो।

भारतीयन के निकाले खातिर ऑपरेशन अजय के सुरुआत

ओहिजा, भारत सरकार इजराइल में फंसल 18 हजार भारतीयन के निकाले खातिर ऑपरेशन अजय के घोषणा कइले बिया।  एकरा खातिर आज पहिला फ्लाइट रवाना होई। एह दौरान इंडियन नेवी मदद खातिर तइयार रही। बिदेस मंत्री एस जयशंकर कहलें- भारत सरकार ऑपरेशन अजय के तहत भारतीयन के वापस ले आई। जे केहू वापस आवल चाहत बा, आ सकत बा।

इजराइल में भारतीय राजदूत बतवलें कि पहिला फ्लाइट से भेजल जाये वाला रजिस्टर्ड लोगन के जानकारी ईमेल कs दिहल गइल बा। अगिला फ्लाइट खातिर आउर रजिस्टर्ड लोगन के जानकारी भेजल जाई। तेल अवीव इस्थित भारतीय दूतावास के मोताबिक, इजराइल में मवजूद सब भारतीय फिलहाल सुरक्षित बा लो। इजराइल पहुंचल भारतीय पर्यटक दूतावास से सुरक्षित निकाले जाये के अपील कइले बा।

661150cookie-checkइजराइली PM विपक्षी नेता के संगे वॉर कैबिनेट बनवलें: रक्षा मंत्री बोललें- जंग के सारा नियम अब खत्म, गाजा के 180 डिग्री बदल देम 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.