Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पठानकोट हमला के मास्टरमाइंड शाहिद लतीफ के पाकिस्तान में हत्या

ए हमला में भारतीय सेना के सात जवान शहीद हो गईले। एनआईए के जांच में पता चलल रहे कि ए हमला के मास्टरमाइंड शाहिद लतीफ रहले।

1,911

 

पठानकोट हमला के मास्टरमाइंड आ मोस्ट वांटेड आतंकी शाहिद लतीफ के पाकिस्तान में हत्या कर दिहल गइल बा। साल 2016 में पंजाब के पठानकोट के हवाई अड्डा पs आतंकी हमला भईल रहे। ई हमला आतंकी संगठन जैश ए मोहम्मद कइले रहले। ए हमला में भारतीय सेना के सात जवान शहीद हो गईले। एनआईए के जांच में पता चलल रहे कि ए हमला के मास्टरमाइंड शाहिद लतीफ रहले।

एनआईए के जांच में इहो पता चलल कि पठानकोट आतंकी हमला पाकिस्तान में योजनाबद्ध निष्पादन कइल गइल रहे। आतंकी समूह जैश-ए-मोहम्मद हमला करे खातिर चार गो आत्मघाती हमलावर के प्रशिक्षण देके भेजले रहे। लतीफ के जैश के लॉन्चिंग कमांडर के रूप में जानल जाला। उ चार जैश-ए-मोहम्मद आतंकी के पठानकोट भेजले रहले। 47 साल के शाहिद लतीफ पाकिस्तान के गुजरांवाला के अमीनाबाद कस्बा के निवासी रहले।

साभार- इंडिया tv

 

660450cookie-checkपठानकोट हमला के मास्टरमाइंड शाहिद लतीफ के पाकिस्तान में हत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.