Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IRCTC Down: आईआरसीटी के ई-टिकट बुकिंग साइट पड़ल ठप, एप तक नइखे हो रहल ओपन, यूजर्स परेसान

IRCTC ई-टिकटिंग के सेवा बंद पड़ल बा। IRCTC के वेबसाइट के तरे IRCTC के एप ठप पड़ल बा। IRCTC के वेबसाइट पs मैसेज आ रहल बा कि मेंटनेंस के कारण साइट के सेवा बंद बा। 

1,558

इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कॉर्पोरेशन (IRCTC) के सेवा ठप हो गइल बा। IRCTC के वेबसाइट आज माने 6 मई के सबेरे 10.30 बजे से ठप बा जवना यूजर्स के बहुते परेसानी हो रहल बा। IRCTC ई-टिकटिंग के सेवा बंद पड़ल बा। IRCTC के वेबसाइट के तरे IRCTC के एप ठप पड़ल बा। IRCTC के वेबसाइट पs मैसेज आ रहल बा है कि मेंटनेंस के कारण साइट के सेवा बंद बा।

रउआ सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि IRCTC के वेबसाइट के मेंटनेंस के काम आमतौर पs रात में 11 बजे के बाद होला। साइट के ठप होखे के लेके यूजर्स सोशल मीडिया पs लगातार शिकायत कs रहल बा लो। वेबसाइट आउटेज के ट्रैक करे वाली साइट downdetector IRCTC के डाउन होखे के पुष्टि कइले बा।

538230cookie-checkIRCTC Down: आईआरसीटी के ई-टिकट बुकिंग साइट पड़ल ठप, एप तक नइखे हो रहल ओपन, यूजर्स परेसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.