[the_ad_group id="30365"]

पासवर्ड ना अब “पासकी” से खुली ईमेल के ताला 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ए घरी तकनीकी कंपनियन द्वारा पासवर्ड के चलन के समाप्त करे के अभियान चला रहल बाड़ी सs। पहिले माइक्रोसॉफ्ट आ एप्पल अइसन कइलस, अब गूगलो एह फेहरिस्त में सामिल हो गइल बा।

पिछला हफ्ता गूगल पास के लॉन्च कइलस, जेमे यूजर्स अब अपना पासवर्ड के जगे पs पासकी के इस्तेमाल करी लो आ जालसाजी (Fishing Attack) से बच पाई लो।

अब हैकर्स खातिर गूगल पs कवनो अकाउंट के हैक कइल कठिन हो जाई। दरअसल, जब कवनो डिवाइस पs बायोमिट्रिक पहचान दर्ज कइल गइल जाला, तs डिवाइस कंपनियन के सर्वर के सिग्नल भेजेला जवना से ई जांच हो जाला उ सही बा कि ना। अइसन में यूजर्स पs खाली अपना मास्टरकार्ड के सुरक्षित रखे के जिम्मेदारी होई।

महत्वपूर्ण काहे बा?

पासकी खाली एंड्रॉयड डिवाइसे तक सीमित नइखेे, बलुक यूजर एप्पल आईडियो पs एकरा इस्तेमाल से अपना अकाउंट पs लॉग इन कs सकत बा।

कइसे करेला काम

गूगल यूजर के अपना जीमेल पासवर्ड के कवनो एंड्रॉयड भा आईओएस के डिवाइस पs यूएबी की भा बायोमीट्रिक पहचान के मदद से खोले के सुविधा मिलेला। अब तs पासवर्ड के जगे क्यूआर कोड तक जेनरेट कइल जा सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]