Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

13000 के टिकट, 9 दिन के यात्रा, होटल, खाना दे रहल बा IRCTC, सस्ता में घूम लीं 7 गो टूरिस्ट प्लेस

558

IRCTC Tourism Plan: जदि रउआ दक्षिण भारत के मशहूर तीर्थ स्थलन में घूमे के सोच रहल बानी तs रउआ खातिर एगो सानदार मवका आ रहल बा। दरअसल, आजादी के अमृत महोत्सव आ ‘देखो अपना देश’ के तहत आईआरसीटीसी (IRCTC) बहुते सानदार आ किफायती टूर पैकेज के पेशकश कर रहल बा।

एह पैकेज के माध्यम से रउआ तिरुपति, कन्याकुमारी, रामेश्वरम आ मदुरै घूमे के मवका मिली।

एह पैकेज के सुरुआत राजकोट से होई। आईआरसीटीसी एह ट्रेन टूर पैकेज के घोषणा अपना ट्विटर अकाउंट से कइले बा। ई पूरा यात्रा 8 रात आ 9 दिन के होई। एह पैकेज में रउआ खाये-पीये के चिंता करे के जरूरत नइखे। ई यात्रा स्वदेश दर्शन टूरिस्ट ट्रेन के माध्यम से करावल जाई। एह स्पेशल ट्रेन में सफर करे वाला यात्री राजकोट, साबरमती, वडोदरा, कल्याण आ पुणे स्टेशनन से बोर्डिंग/डिबोर्डिंग कs सकी लोग।

टूर पैकेज के खास बात

  • पैकेज के नाम- South India Divine Ex. Rajkot (WZSD10)
  • डेस्टिनेशन कवर- तिरुपति, कन्याकुमारी, रामेश्वरम आ मदुरै
  • केतना दिन के होई टूर – 8 रात आ 9 दिन
  • प्रस्थान करे के तारीख – 24 जनवरी, 2022
  • मील प्लान- ब्रेकफास्ट, लंच आ डिनर
  • क्लास- स्लीपर और थर्ड एसी
  • ट्रैवल मोड- ट्रेन
  • बोर्डिंग/डिबोर्डिंग- राजकोट, साबरमती, वडोदरा, कल्याण आ पुणे स्टेशन

केतना होई किराया?

टूर पैकेज खातिर टैरिफ अलग-अलग होई। ई पैसेंजर द्वारा चुनल गइल कैटेगरी के मोताबिक होई। पैकेज के सुरुआत 13,900 रुपिया प्रति व्यक्ति से होई। जदि बजट (एसएल) कैटेगरी में सफर करत बानी तs रउआ 13,900 रुपिया चुकावे के होई। जदि स्टैंडर्ड (एसएल) कैटेगरी पैकेज लेत बानी तs 15,300 रुपिया प्रति व्यक्ति चार्ज देवे के होई। कंफर्ट (थर्ड एसी) कैटेगरी खातिर 23800 रुपिया प्रति व्यक्ति देवे के होई।

कइसे करा सकत बानीं बुकिंग

एह टूर पैकेज खातिर बुकिंग यात्री आईआरसीटीसी के वेबसाइट irctctourism.com पs ऑनलाइन जाके कs सकत बा लोग। एकरा अलावे आईआरसीटीसी पर्यटक सुविधा केंद्र, अंचल कार्यालयन आ क्षेत्रीय कार्यालयन के माध्यम से बुकिंग कइल जा सकत बा।

427630cookie-check13000 के टिकट, 9 दिन के यात्रा, होटल, खाना दे रहल बा IRCTC, सस्ता में घूम लीं 7 गो टूरिस्ट प्लेस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.