Iran Us Conflict : ईरान के बड़ हमला, 24 घंटा में दूगो फाइटर जेट क्रैश, हेलीकॉप्टर पs हमला, पायलट लापता

Share

नई दिल्ली। ईरान आ अमेरिका के बीच चल रहल तनाव अब बहुत खतरनाक मोड़ पs पहुंच गइल बा। बीतल 24 घंटा में ईरान अमेरिकी सेना के बड़ नुकसान पहुंचावत दूगो फाइटर जेट के निशाना बनवले बा, जबकि बचाव अभियान में लागल हेलीकॉप्टरो पs  हमला कइल गइल।

F-15E जेट पर हमला, पायलट लापता

रिपोर्ट के मोताबिक, ईरान F-15E Strike Eagle लड़ाकू विमान पs हमला कइलस। एह घटना में दू गो क्रू मेंबर में से एक के बचा लिहल गइल बा, जबकि दुसरका पायलट अभियो लापता बा। ओकर खोज जारी बा आ ईरान ओकरा खातिर इनामो घोषित कइले बा।

A-10 एयरक्राफ्ट बनल निशाना

एगो दोसरा घटना में A-10 Warthog पs हमला कइल गइल, जवन कुवैत के ऊपर उड़ान भरत रहे। भारी गोलीबारी के बाद विमान क्रैश हो गइल, हालांकि पायलट कवनो तरे सुरक्षित बाहर निकल गइल।

रेस्क्यू मिशन पs हमला

लापता पायलट के खोज खातिर गइल Black Hawk Helicopter पs ईरान हमला कइलस। हालांकि हेलीकॉप्टर सुरक्षित रूप से ईरानी हवाई क्षेत्र से बाहर निकल गइला में सफल रहल।

इनाम के घोषणा से बढ़ल तनाव

ईरान के ओर से घोषणा कइल गइल बा कि जे केहू अमेरिकी पायलट के जिंदा पकड़ी, ओकरा के इनाम दिहल जाई। एह बयान से दुनो देसन के बीच तनाव बढ़ गइल बा।

Read Also: Nashik Accident : कुआं में कार गिरला से एके परिवार के 9 लोगन के मौत

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-