West Bengal : मुर्शिदाबाद में प्रचार के दौरान अधीर रंजन चौधरी पs हमला, कांग्रेस के TMC पs आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2026

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद जिला में चुनाव प्रचार के दौरान कांग्रेस नेता अधीर रंजन चौधरी पs हमला होखला के आरोप लागल बा। ई घटना से चुनावी माहौल आउर गरम गइल बा। प्रचार के दौरान

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद जिला में चुनाव प्रचार के दौरान कांग्रेस नेता अधीर रंजन चौधरी पs हमला होखला के आरोप लागल बा। ई घटना से चुनावी माहौल आउर गरम गइल बा।

प्रचार के दौरान भइल हमला

जानकारी के मोताबिक, ई घटना तब भइल जब अधीर रंजन चौधरी बहरामपुर विधानसभा क्षेत्र में जनसंपर्क अभियान चलावत रहलें। आरोप बा कि तृणमूल कांग्रेस (TMC) के कुछ कार्यकर्ता अचानक पहुंच के अभियान में बाधा डाल दिहल लोग आ चौधरी आ उनका समर्थकन पs हमला कs दिहल। एह दौरान कुछ गाड़ियन के नुकसान होखला के बात सामने आइल बा।

कांग्रेस के गंभीर आरोप

कांग्रेस पार्टी एह घटना खातिर सीधे TMC के जिम्मेदार ठहरावत बिया। अधीर रंजन चौधरी कहले बाड़ें कि ई हमला सुनियोजित रहल आ सत्ताधारी पार्टी विपक्ष के आवाज दबावे के कोसिस करत बिया।

चुनावी माहौल में बढ़ल तनाव

एह घटना के बाद राज्य में चुनावी माहौल आउर तनावपूर्ण हो गइल बा। राजनीतिक दल एक-दूसरा पs आरोप-प्रत्यारोप लगा रहल बा, जवन आगे के प्रचार अभियान पs असर डाल सकेला।

Read Also: Iran Us Conflict : ईरान के बड़ हमला, 24 घंटा में दूगो फाइटर जेट क्रैश, हेलीकॉप्टर पs हमला, पायलट लापता

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.