Nashik Accident : कुआं में कार गिरला से एके परिवार के 9 लोगन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2026

सेंट्रल डेस्क। नासिक में सुक के रात एगो बहुत दुखद हादसा हो गइल, जहां एके परिवार के 9 लोगन के मौत हो गइल। मृतकन में 6 गो लईका सामिल बाड़ें सs। पुलिस सनिचर के एह

Share

सेंट्रल डेस्क। नासिक में सुक के रात एगो बहुत दुखद हादसा हो गइल, जहां एके परिवार के 9 लोगन के मौत हो गइल। मृतकन में 6 गो लईका सामिल बाड़ें सs। पुलिस सनिचर के एह बारे में जानकारी देलस।

कइसे भइल हादसा?

पुलिस के मोताबिक, ई हादसा रात करीब 10 बजे डिंडोरी इलाका के शिवाजी नगर में भइल। परिवार के सब सदस्य एगो समारोह से लवटत रहे लाेग, तबे ओह लोग के कार अचानक अनियंत्रित हो गइल आ सड़क किनारे एगो कुआं में गिर पड़ल।

राहत-बचाव में देरी, ना बच सकल केहू

घटना के सूचना मिलतही पुलिस आ बचाव टीम मवका पs पहुंच गइल। दूगो क्रेन आ तैराकन के मदद से आधा रात में कार के बाहर निकालल गइल। बाकिर तब तक कार में सवार सब लोगन के मौत हो चुकल रहे।

पुलिस बतवलस कि सब मृतक डिंडोरी तालुका के इंदोरे गांव के दरगुड़े परिवार से संबंध रखत रहलें। मृतक में सुनील दत्तू दरगुड़े (32), उनकर मेहरारू रेशमा, आशा अनिल दरगुड़े (32) आ परिवार के 6 लईका सामिल बा लोग। लईकन में पांच गो लईकी (7 से 14 साल) आ एगो 11 साल के लइका सामिल बा।

जांच जारी

सब शव के पोस्टमार्टम खातिर अस्पताल भेज दिहल गइल बा। पुलिस ममिला दर्ज कs के हादसा के असली कारण के जांच सुरू कs देले बिया।

Read Also: UP News : हाईकोर्ट के बड़ फैसला- अब TGT/एलटी ग्रेड भरती खातिर TET पास रहल जरूरी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.