[the_ad_group id="30365"]

Bishan Singh Bedi Demise: भारत के महान स्पिनर बिशन सिंह बेदी के निधन, 77 साल के उमिर में लिहले अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत के पूर्व क्रिकेटर बिशन सिंह बेदी के निधन हो गइल बा । उ 77 साल के रहले।बेदी भारत खातिर कुल 77 गो अंतरराष्ट्रीय मैच खेलsले रहले। एह दौरान उ 273 विकेट झटकले रहले। बेदी के भारतीय टेस्ट इतिहास के बेहतरीन स्पिनरन में गिनsल जाला । उ अपना दम पs भारत के कई गो गो मैचन में जीतवsले रहले। बिशन सिंह बेदी के बेटा के नाव अंगद बेदी आ बहु के नाव नेहा धूपिया हs। ई दुनो लोगो के भारतीय फिल्म इंडस्ट्री में निकहा धाक बा।

मशहूर स्पिनर चौकड़ी के हिस्सा रहले 

बेदी भारत खातिर 1966 से 1979 तक ले टेस्ट क्रिकेट खेलsले रहले। उ भारत के मशहूर स्पिन चौकड़ी के हिस्सा रहले। उनका अलावा एह में इरापल्ली प्रसन्ना, श्रीनिवास वेंकटराघवन आ भागवत चंद्रशेखर रहलें। ई चारो लोग मिल के 231 टेस्ट खेलsले आ ई चौकड़ी 853 विकेट झटकले रहे ।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ कइले सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन

बेदी 1969–70 में कोलकाता टेस्ट में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ एक पारी में 98 रन देके सात विकेट लेले रहले। ई उनकर एक पारी में सबसे बढ़िया प्रदर्शन रहे । ओहिजे अगर जो, मैच के बात कईल जाए तs 1977–78 में पर्थ के मैदान पs ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 194 रन देके कुल 10 विकेट झटकले रहे। उ टेस्ट में खाली एगो अर्धशतक 1976 में कानपुर टेस्ट में न्यूजीलैंड के खिलाफ लगवले रहले।

भारतीय टीम के कप्तानीयो कइले रहले

बिशन सिंह बेदी के भारतीय टीम के कप्तानी करे के मवका मिलsल रहे। उनके 1976 में ई जिम्मेदारी सऊंपल गइल। बेदी के महान क्रिकेटर मंसूर अली खान पटौदी के जगह पs कप्तान बनावल गइल रहे । कप्तान के तौर पs उनका के पहिला जीत वेस्टइंडीज के खिलाफ पोर्ट ऑफ स्पेन में 1976 के दउरा पs मिलsल रहे। एकरा बाद इंग्लैंड के खिलाफ घरेलू मैदान पs टेस्ट सीरीज में 3-1, ऑस्ट्रेलिया दउरा पs टेस्ट सीरीज में 3-2 आ पाकिस्तान दउरा पs टेस्ट सीरीज 2-0 से मिलsल हार के बाद उनके कप्तानी से हटा दिहल गइल रहे। उनका बाद सुनील गावस्कर कप्तान बनsल रहले।

भारत खातिर 67 टेस्ट मैच में उनका खाता में 266 विकेट बा। उ 15 बार पारी में पांच विकेट लेबे का कारनामा कइले आ एक बेर मैच में 10 विकेटो लिहsले। ओहिजे, मात्र 10 गो वनडे मैच में उ सात विकेट झटकले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]