[the_ad_group id="30365"]

इंटर्नशिप प्रशिक्षुअन के भईल सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लॉ एंड लीगल ट्रस्ट, गोरखपुर के द्वारा सेंट एंड्रयूज़ कॉलेज के लीगल एड क्लिनिक, विधि विभाग के संयुक्त तत्वावधान में विधि आखिरी साल के इंटर्न विद्यार्थियन के सम्मान समारोह आयोजित कईल गईल जउने में उनहन के मेरिट सर्टिफिकेट भी दिहल गईल।

कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में, ज़िला विधिक सेवा प्राधिकरण के सचिव देवेंद्र कुमार मौजूद रहलें अउर ऊ प्रशिक्षु विद्यार्थियन के सम्मानित कइले और शुभकामना दिहलें। एह मौका पर ट्रस्ट के अध्यक्ष एडवोकेट कुमार गौरव श्रीवास्तव कहलें कि ट्रस्ट के जरिया से विधि के विद्यार्थियन के गुणवत्तापूर्ण व्यावहारिक कौशल विकास ख़रतीं ‘ज़्यूरल ज़ील’ प्रोजेक्ट के तहत इंटर्नशिप कार्यक्रम आयोजित कईल गईल रहल। एहकर उद्देश्य पूर्वांचल के विधि छात्रन के संभावना और अवसरन से भरल मंच प्रदान करल बाटे ।

कार्यक्रम में बतौर विशिष्ट अतिथि उपस्थित विभागाध्यक्ष एससी बरनवाल, अउर विभाग के अध्यापकगण तनवीर आलम, राकेश मिश्रा एवं विनोद श्रीवास्तव विद्यार्थियन के बीच आपन आपन अनुभव के साझा करलें अउर सम्मानित होखे वाले इन्टर्नस के उज्ज्वल भविष्य की कामना कइलें।

कार्यक्रम के संचालन ट्रस्ट के सचिव एडवोकेट शुभेन्द्र सत्यदेव कइलें।
अतिथियन के आभार ज्ञापन विभाग के आचार्य अतुल सिंह कइलें।

कार्यक्रम के तकनीकी संयोजन एडवोकेट अनुप्रिया दीक्षित, एडवोकेट अक्षय श्रीवास्तव, एडवोकेट राधेमोहन दुबे कइलें।

एह अवसर पर बड़ी संख्या में छात्र छात्रा उपस्थित रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]