जापान के पूर्व प्रधानमंत्री शिंजो आबे पs जानलेवा हमला, भाषण के दौरान मारल गईल गोली

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2022

जापान के प्रधानमंत्री रहल शिंजो आबे पs जानलेवा हमला हो गइल बा। जापान टाइम्स के मोताबिक, नारा शहर में उनका पs गोलीबारी भईल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, उ पश्चिमी जापान के नारा में एगो भाषण

Share

जापान के प्रधानमंत्री रहल शिंजो आबे पs जानलेवा हमला हो गइल बा। जापान टाइम्स के मोताबिक, नारा शहर में उनका पs गोलीबारी भईल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, उ पश्चिमी जापान के नारा में एगो भाषण के दौरान गिर गईले। उ संसद के उच्च सदन में अतवार के होखेवाला चुनाव से पहिले एगो सभा के संबोधित करत रहले। शुरुआती रिपोर्ट में कहल गईल बा कि उ गंभीर रूप से घाही हो सकतारे। साइट पs के एगो आदमी बतवले कि उनका गोली के आवाज सुनाई देलस अवुरी देखले कि आबे के देह से खून बहत रहे। हमलावर के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि गोली लगला का बाद ऊ बेहोश हो गइले। उनका के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गईल। फिलहाल उनुका हालत के बारे में मिल रहल जानकारी के मोताबिक उनका छाती में गोली लागल बा आ हालत गंभीर बा।पुलिस के कहनाम बा कि ऊ एगो संदिग्ध के गिरफ्तार कs लेले बिया जवना से पूछताछ कइल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि ई संदिग्ध में भाषण का दौरान आबे के पीछे से गोली मारल गइल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.