[the_ad_group id="30365"]

सी०आर०डी०पी०जी० कॉलेज में हिन्दी दिवस पs आयोजित भइल अन्तर्राष्ट्रीय वेबिनार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कालेज गोपखपुर में हिन्दी विभाग अउरी आई० क्यू०ए०सी० के संयुक्त तत्वाधान में हिन्दी दिवस के अवसर पs अन्तर्राष्ट्रीय वेबिनार का आयोजन कइल गइल, जेकर विषय “हिन्दी भाषा में भोजपूरी की उपादेयता ” रहल।

ऑनलाइन संगोष्ठी में मुख्य अतिथि के रूप में सम्बोधित करत डॉ० मीरा सिंह अन्तर्राष्ट्रीय हिन्दी साहित्य प्रवाह, अमेरिका के संस्थापक कहली “भोजपुरी सहज, सरस, सरल, सुहावन बोली हवे जेकरे मधुरता से जनसमान्य मन्त्रमुग्ध हो जाला।

सारस्वत अभ्यागत के रूप में डॉ० विमलेश मिश्र, आचार्य (दी० द००गो०वि० गोरखपुर) कहलें कि हृदय से हृदय के जोड़े में कौनो भाषा के जरूरत नाइ होला। लेकिन हिन्दी हृदयगत भाषा ह, जौन भोजपुरी हिन्दी के शाखा है, जेसे धर्मवाद, पन्थवाद, जातिवाद से परे आत्मियता के सरस धारा बहेले।

डॉ० उषा राय सर्वोदय किसान पी०जी० कॉलेज कौडिराम गोरखपुर बतौर विशिष्ट अभ्यागत के रूप में कहली कि भिखारी ठाकुर, गोरखनाथ रैदास आदि के रचना में हिन्दी के प्रमुख बोली भोजपुरी के सशक्त रूप देखल जा सकsता।

कार्यक्रम के शुभारम्भ माँ सरस्वती के वन्दना से हुआ। अतिथि परिचय के क्रम में महाविद्यालय प्रबन्धक डॉ० विजयलक्ष्मी मिश्रा कहली कि हिन्दी भाषा हमनी के अभिमान अउरी सम्मान ह। हिन्दी भाषा में भारतीय संस्कृति रचल-बसल बा। उ आगत अतिथिगण के परिचय करवली।

कार्यक्रम में डॉ० रेखा श्रीवास्तव समन्वयक आई०क्यू०ए०सी० अध्यक्षीय उद्बोधन में कहली कि हिन्दी भाषा में जन जीवन सुरक्षित बा। कार्यक्रम के संचालन डॉ० प्रीति त्रिपाठी अउरी आभार प्राचार्या डॉ० सुमन सिंह देहली। एह वेविनार में महाविद्यालय के सब प्रवक्ता, छात्रा अउरी शोधार्थी लोग भाग ले के कार्यक्रम के सफल बनावल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]