कुलपति कइलें महायोगी श्री गुरु गोरक्षनाथ शोधपीठ के नवनिर्मित भवन के निरीक्षण, अक्टूबर में उद्घाटन के बा तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2022

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो राजेश सिंह आज महायोगी श्री गुरु गोरक्षनाथ शोध पीठ के नवनिर्मित भवन के निरीक्षण कइलें। निरीक्षण के बाद कुलपति कहले कि शोध पीठ के जल्दी से जल्दी

Share

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो राजेश सिंह आज महायोगी श्री गुरु गोरक्षनाथ शोध पीठ के नवनिर्मित भवन के निरीक्षण कइलें।
निरीक्षण के बाद कुलपति कहले कि शोध पीठ के जल्दी से जल्दी क्रियाशील करे खातिर विश्वविद्यालय पीठ में सृजित अलग-अलग पदन प नियुक्ति आ अलग-अलग सेल के गठन करे जा रहल बा। प्रो सिंह कहले कि 15 अक्टूबर के शोधपीठ के उद्घाटन गोरक्षपीठाधीश्वर माननीय मुख्यमंत्री उत्तर प्रदेश योगी आदित्यनाथ जी से करावल जाये के तइयारी कइल जा रहल बा।

कुलपति के संज्ञान में आइल बा कि शोधपीठ में उपयोग होखे वाला फर्नीचर खातिर फंड अभी शासन से नइखे आइल। कुलपति कहले कि जदि शासन से एक महीना के भीतर फंड नइखे प्राप्त होखत त विश्वविद्यालय अपना संसाधनन से ई व्यवस्था करी।

कुलपति एह बात प खेद प्रकट कइलें कि एजेंसी द्वारा अभी तक शोधपीठ के भवन के हस्तांतरण विश्वविद्यालय के नइखे कइल गइल। उनका साथे कुलसचिव श्री विश्वेश्वर प्रसाद मवजूद रहस।

शोधपीठ के तत्वावधान में विश्विद्यालय में 15-16 अक्टूबर के गुरु गोरखनाथ, कबीर आ संत रैदास के शिक्षा आ दर्शन प आध‌ारित त्रिधारा कार्यक्रम के अंतर्गत वृहद सेमिनार के आयोजन होई। एमे देश-विदेश के ख्यातिलब्ध विद्वान भाग लिही लो।

शोधपीठ द्वारा ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ, महंत अवेद्यनाथ आ नाथ योगियन के दर्शन प दु-दु क्रेडिट के पाठ्यक्रम तइयार कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.