[the_ad_group id="30365"]

मशरक के घोघिया मध्य विद्यालय के प्रांगन मे अंतर निबंध प्रतियोगिता आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत घोघिया मध्य विद्यालय के प्रांगन मे अंतर विद्यालय निबंध प्रतियोगिता कार्यक्रम आयोजित, निबंध प्रतियोगिता के आयोजक रीताज कैफे शॉप के ऑनर रोहित सिंह के द्वारा निबंध प्रतियोगिता करावल गइल। जेमे वर्ग 4, 5, 6, 8 के सैकड़न छात्र लोग सामिल भइल।

एह प्रतियोगिता मे पांच गो निबंध रहे जेमे मात्र दु गो निबंध के उतर अपना वर्ग 4,5 के डेढ़ सौ शब्द मे आ वर्ग 6,8 के अढ़ाई सौ शब्दन मे छात्रन के लिखल आवश्यक बा। बनावल गइल दु गो प्रश्न सौ सौ नंबर के होई। प्रतियोगिता मे सामिल दर्जनन विद्यालय के छात्र सामिल रहे। निबंध प्रतियोगिता मे सफल छात्र लोगन के 26 जनवरी के पुरस्कार वितरण कइल जाई।

निबंध प्रतियोगिता मे अलग अलग विद्यालय से बच्चन के संगे आइल गुरुजनन के नाम राजमोहन सिंह, छठु तिवारी, सुजीत सिंह, शिक्षक नेता धर्मेन्द्र सिंह कुशवाहा, राहुल सिंह, संजय सिंह, विनोद तिवारी, सुजीत सिंह, जयप्रकाश सिंह, कुमार कौशलेन्द्र, राजेंद्र बैठा, चंदन सिंह सहित समाजसेवी अशोक सिंह, नरेन्द्र सिंह, मुना सिंह सहित आउर लोग मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]