[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर डीआईजी के पहल: अब चौकीदारन के मिली पैंट, धोती के अनिवार्यता खत्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के चौकीदारन के अब धोती के जगह पैंट दीहल जाई। पुलिस अफसर लोग इनकर प्रस्ताव तैयार कs लिहल गइल। कवायद शुरू कs दीहल गइल बा। कोशिश बा कि दिवाली से पहिले इनके उपहार स्वरूप पैंट दे दीहल जाई। लंबे समय से चौकीदार धोती के जगह पैंट के मांग करत रहलें। डीआईजी जे. रविंद्र एके गंभीरता से लेत पहल कइले बानें।
जानकारी के मुताबिक, जिला में 1300 से अधिक चौकीदार बा। हर गांव में पुलिस के आंख अउर कान इहे होला। जमाना बदल गइल लेकिन कई बरिस पहिले लागू नियमानुसार इनके सरकार के ओर से वर्दी के तौर पर धोती ही देहल जा रहल बा। अब ओ वर्दी में धोती के जगह पैंट के शामिल कर दिहल गइल बा।

एकर प्रक्रिया भी तकरीबन पूरा कs लीहल गइल बा। बजट के मांग भेजल गइल बा, मिलतही इनके पैंट दे दीहल जाई। एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें कि चौकीदारन के धोती के जगह पर पैंट देहले के तैयारी बा। कोशिश बा कि जल्दिए इनके पैंट उपलब्ध करा दीहल जाय।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]