[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बोललें सीएम योगी: त्योहारन पर पुख्ता रहे सुरक्षा इंतजाम, सड़क पर न रखल होखे मूर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि दिवाली अउर छठ पर्व के ले ले प्रशासन अउर पुलिस के अधिकारी सतर्क रहें। सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल जाव। अराजकता फइलावे वालन पर कड़ा कार्रवाई कइल जाव। कहीं लापरवाही नाइ होखे के चाहीं। इ ध्यान रखल जाव कि सड़क पर मूर्ती न रखाय। मूर्ती अपने परंपरागत जगह पर ही रखल जाव।

दू दिवसीय दौरा पर मंगर के गोरखपुर आइल मुख्यमंत्री साँझ के मंदिर में अधिकारियन के साथ बैठक करत रहलें। ऊ बाढ़ के स्थिति अउर बचाव कार्य के बारे में पुछलें त सिंचाई विभाग के प्रमुख अभियंता परिकल्प अउर नियोजन नरेश चंद्र उपाध्याय बतवलें कि नदियन में पानी कम हो रहल बा। सरयू खतरा के निशान से नीचे आ गइल बा।

मुख्यमंत्री कहनें कि जौने क्षेत्र में बाढ़ के पानी ठहरल बा, पानी उतरले के बाद उहां विशेष सफाई अभियान चलावल जाय। सफाई अभियान चलाकर संक्रामक बीमारियन के खतरा कम कइल जा सकsता। मुख्यमंत्री विभिन्न विकास परियोजना के प्रगति के बारे में जानकारी लिहलें। जीडीए उपाध्यक्ष प्राधिकरण के प्रस्तावित योजना के ले के मुख्यमंत्री के जानकारी देहलें। नया गोरखपुर अउर अन्य योजना के बारे में मुख्यमंत्री के बतवलें।

मुख्यमंत्री कहलें कि सब विकास परियोजना के समय से पूरा कइल जाव। बैठक के दौरान जिला में तैनात भइल नई ज्वाइंट मजिस्ट्रेट 2020 बैच के आईएएस अधिकारी नेहा बंधु अउर आईपीएस मानुष पारिक मुख्यमंत्री से मुलाकात कइलें।

मुख्यमंत्री दूनों अधिकारियन के ईमानदारी से काम करे के सलाह दीहलें। एह दौरान एडीजी जोन अखिल कुमार, डीआइजी जे रविंद्र , डीएम कृष्णा करूणेश, एसएसपी गौरव ग्रोवर, सीईओ गीडा पवन अग्रवाल, जीडीए उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर, एसपी सिटी कृष्णा बिश्नोई आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]