[the_ad_group id="30365"]

त्योहार पर महंगाई के झटका, अमूल फुल क्रीम मिल्क पs बढ़वलें दू रुपया, चुकावे के होई एतना कीमत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्योहारी सीजन पर महंगाई के झटका जोर से लागल बा। शनिचर के भारत के नामी डेयरी कंपनी अमूल फुल क्रीम अउर भैंस के दूध के कीमत में 2 रुपया के इजाफा कइले बा।

जानकारी के अनुसार, अमूल के अब फुल क्रीम दूध 62 के जगह 64 रुपया प्रतिलीटर के हिसाब से मिली। उहवें अब मदर डेयरी भी कीमत बढ़ावे के तैयारी में बा। साँझ ले मदर डेयरी नया कीमत के घोषणा कर सकतिया।

अमूल के फुल क्रीम मिल्क के बढ़ल कीमत के ले के गुजरात कोऑपरेटिव मिल्क मार्केटिंग फेडरेशन लिमिटेड के एमडी आरएस सोढ़ी कहले बानें कि अमूल गुजरात के छोड़ के सब राज्यन में फुल क्रीम दूध अउर भैंस के दूध के कीमत में दू रुपया प्रति लीटर के बढ़ोतरी कइले बा।

उहवें पंजाब में डेयरी कंपनी वेरका भी दूध के दाम फिर से बढ़ा दिहल गइल बा। आधा किलो के पैकेट में एक रुपया के बढ़ोतरी कइल गइल बा। जबकि एक किलो में दो रुपया रेट बढ़ गइल बा। नयका रेट 16 तारीख से लागू होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]