[the_ad_group id="30365"]

यात्री वाहनन के बिक्री सितंबर में 92 % बढ़ल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्योहारन के दौरान मांग में मजबूती के चलते देश में यात्री वाहनन (पीवी) के थोक बिक्री पिछिला महीना सालाना आधार प 92 % बढ़के 3,07,389 इकाई प पहुंच गइल।

वाहन बनावे वाली कंपनियन के संगठन सोसाइटी ऑफ इंडियन औटोमोबाइल्स मेन्यूफेक्चर्र्स (सियाम) ई जानकारी देत कहले कि त्योहारी सीजन में मजबूत मांग के चलते ई बढ़न्ती देखल गइल बा। सितंबर 2021 में 1,60,212 यात्री वाहनन के डीलर लोगन के आपूर्ति करावल गइल रहे।

सियाम के आंकडन के मोताबिक, दुपहिया वाहनन के बिक्री सितंबर, 2022 में 13 प्रतिशत बढ़के 17,35,199 इकाई हो गइल। सितंबर 2021 में ई 15,37,604 इकाई रहल रहे। ओहिजा एह दौरान मोटरसाइकिल के बिक्री 18 % प्रतिशत बढ़के 11, 14,667 इकाई हो गइल। एक बरिस पहिले समान अवधि में ई 9,48, 161 इकाई 9,48,161 इकाई रहे। पिछिला महीना स्कूटर के बिक्री नौ प्रतिशत बढ़के 5,72,919 इकाई रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]