महंगाई के मार, एक साल में खइलें-पियले के सामान के कीमत में भारी बढोत्तरी

Share

एक साल में खइलें-पीइलें के कीमत में जबरदस्त इजाफा भइल बा। सरकार के लाख कोशिश के बावजूद कीमत पर काबू नाइ हो रहल बा। इहां तक कि नमक के भी भाव बढ़ गइल बा। उपभोक्ता मंत्रालय के आंकड़ा बतावत बा कि एक साल पहिले चावल के भाव 34.86 रुपया किलो रहल जौन अब 37.38 रुपया हो गया है। गेहूं 25 रुपये से 30.61 रुपये जबकि आटा 29.47 से 35 रुपये किलो हो गइल बा।

दाल की कीमत में भी उछाल

अरहर के दाल एक साल पहिले 104 रुपये किलो रहल जौन अब 108 रुपये किलो बा। उड़द दाल 104 से 107 रुपये किलो, मसूर दाल 88 से 97 रुपये किलो अउर दूध 48.97 से बढ़कर 52.41 रुपये लीटर हो गइल बा। आरबीआई के अनुमान के मुताबिक, अभिनों खुदरा महंगाई के दर 6 फीसदी से ऊपर ही रही। उपभोक्ता मंत्रालय तेल के कीमत के कम करे खातिर कई बार तेल कंपनियन अउरी संगठन कुल के बोलवले बा। कंपनियन के कहनाम बा कि लगातार उ तेल के कीमत कम क रहल बा।। पर खुले बाजार में अभिन तेल के कीमतें 150 रुपये लीटर से ऊपरे बा।

कमोडिटीज के कीमत के कम कइलें के कोशिश

सरकार लगातार कमोडिटीज के कीमत के कम कइलें के कोशिश क रहल बा। हालांकि पिछले साल की तुलना में एह साल कीमत काफी ऊंच बा। खुदरा महंगाई दर (सीपीआई) जहां जुलाई, 2021 में 5.59 फीसदी थी, उहवें ई जून, 2022 में 7.01 फीसदी पर रहल। जुलाई में एहमें मामूली कमी अइले के आसार रहल। विश्लेषकन के कहनाम बा कि ई 6.6 फीसदी के आस-पास रह सकत बा। जुलाई के आंकड़ा 12 अगस्त के जारी कइल जाई।

वस्तुएं कीमत
(8, अगस्त, 22)
कीमत
(8 अगस्त, 21)
मूंगफली तेल 188 176
सरसों तेल 174 169
वनस्पति तेल 154 134
सोया तेल 57 148
सूरजमुखी तेल 180 166
आलू 28 20
नमक 20 19

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-