Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

754
  1. बिहार: सरकार नाया सीएम बाकिर सीएम उहे, नीतीश कुमार आठवां बेर लेले मुख्यमंत्री पद के शपथ, तेजस्वी बनले डिप्टी सीएम, तेजस्वी यादव बनले डिप्टी सीएम।
  2. बिहार: डिप्टी सीएम बनते तेजस्वी यादव कहले बड़ बात- दु-तीन महीना में दिहें युवा लोगन के रोजगार, कहले केंद्र सरकार के खिलाफ बानी जा।
  3. उत्तर प्रदेश: स्वतंत्र देव सिंह विधान परिषद से नेता सदन के पद छोड़ले, डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य संभरिहे जिम्मा।
  4. उत्तर प्रदेश: बुजुर्ग महिला लो खातिर सीएम योगी आदित्यनाथ के बड़ उपहार, रोडवेज बसन में कs सकी लो फ्री यात्रा।
  5. झारखंड: कर्मवीर बनले झारखंड BJP प्रदेश महामंत्री, राष्ट्रीय अध्यक्ष कइले नियुक्ति। पार्टी के राष्ट्रीय महासचिव अरुण सिंह देले एह बात के जानकारी।
  6. नूपुर शर्मा पs दर्ज सब FIR दिल्ली ट्रांसफर: SC कहलस- सब ममिलन के दिल्ली पुलिस देखी, जांच पूरा होखला तक गिरफ्तारी पs रोक।
  7. काल्ह राखी बन्हला के मुहूर्त खाली डेढ़ घण्टा: दिनभर रही भद्रा तs रात 8:25 बजे से सुरु होई सुभ मुहूर्त, बारहूँ के रही पूर्णिमा बाकिर राखी ना बन्हाई।
  8. राजू श्रीवास्तव के हार्ट अटैक आइल: पॉपुलर कॉमेडियन जिम में वर्क आउट करत घरी गिरले, दिल्ली एम्स में भर्ती।
  9. महिला टीम पs गांगुली के बयान से फैंस में नाराजगी: कॉमनवेल्थ सिल्वर जीतला पs जतवले रहस निराशा। फैंस पुछल लो- खुदे केतना फाइनल जीतले।
  10. केएल राहुल के एशिया कप में खेलला पs संदेह: विराट-रोहित कs सकेला लो भारत खातिर ओपनिंग, शेयर्स अय्यर जा सकेले UAE।
307630cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.