फ्लाइट से पैसेंजर्स के सामान उतारल भूलल IndiGo: सिंगापुर एयरपोर्ट पs इंतजार करत रहे लोग; फ्लाइट बेंगलुरु रवाना भइल, फेर यू-टर्न लेलस

Share

इंडिगो एयरलाइन के सिंगापुर से बेंगलुरु जाये वाली एगो फ्लाइट मंगर के बीच रस्ता से यू-टर्न ले लेलस। उड़ान भरला के बाद एयरलाइन के पता चलल कि ओकर कर्मचारी फ्लाइट के पिछला पैसेंजर्स के सामान उतारल भूला गइल लो।

फ्लाइट सबेरे 5:40 बजे बेंगलुरु खातिर रवाना भइल रहे। एकरा कुछ देर बाद विमान के वापस सिंगापुर लवटे के पड़ल। एह दौरान फ्लाइट करीब डेढ़ घंटा तक हवा में रहल। सिंगापुर एयरपोर्ट पs लोग अपना लगेज के वेट करत रहे। ओहिजा बेंगलुरु जाये वाला पैसेंजर्स के घंटन इंतजार करे के पड़ल।

इंडिगो के मिस-मैनेजमेंट के लेकर यात्री लोग सोशल मीडिया पs नाराजगी जाहिर कइल लो। एक्स पs एगो यूजर इंडिगो एयरलाइन के टैग करत लिखलें- एह असंभव उपलब्धि के हासिल करे खातिर बधाई। इंडिगो के कर्मचारी फ्लाइट से यात्रियन के सामान उतारल भूल गइलें।

घटना के लेके बतावल गइल कि इंडिगो एयरलाइन के फ्लाइट (6E 1006) के सिंगापुर से बेंगलुरु जाये के रहे। हालांकि, सिंगापुर में ग्राउंड स्‍टाफ पिछला पैसेंजर्स के लगेज के ऑफ-लोड ना कइले रहे। नया पैसेंज विमान में सवार भइल लो आ फ्लाइट बेंगलुरु खातिर निकल पड़ल।

उड़ान भरला के कुछ देर बार पायलट के ई जानकारी दिहल गइल कि पिछला यात्रियन के सामान नइखे उतारल गइल बा। अइसे में सामान ऑफ-लोड करे खातिर पायलट फ्लाइट के वापस सिंगापुर के तरफ मोड़ लेलस।

इंडिगो लेट होखला के चलते यात्रियन से मंगलस माफी 

यात्रियन के नाराजगी के बीच एयरलाइन बयान जारी कइलस। इंडिगो कहलस- सिंगापुर से बेंगलुरु जाये वाली फ्लाइट 6E 1006 में पिछला फ्लाइट के यात्रियन के सामान ना उतारल गइल रहे, हम एह गलती के स्वीकार करत बानी। हमनी यात्रियन के देरी के बारे में सूचित कइल गइल रहे। एह दौरान ओह लोगन के रिफ्रेशमेंटो दिहल गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-