पीएम मोदी आजु देश के सौंपिहें पहिलका हाई स्पीड रैपिड ट्रेन ‘नमो भारत’, साहिबाबाद में सुबेरे सवा ११ बजे दिखइहें हरिहर झंडा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2023

  प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु देश के हाई स्पीड ट्रेन ‘नमो भारत’ के उद्घाटन करीहें। पहिले एह ट्रेन के नाम रैपिड एक्स राखल जात रहे बाकिर अब एकरा के ‘नमो भारत’ के नाम से जानल

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु देश के हाई स्पीड ट्रेन ‘नमो भारत’ के उद्घाटन करीहें। पहिले एह ट्रेन के नाम रैपिड एक्स राखल जात रहे बाकिर अब एकरा के ‘नमो भारत’ के नाम से जानल जाई। दिल्ली से मेरठ के बीच 82 किलोमीटर के रूट पs चले वाली एह हाई स्पीड ट्रेन के पहिला चरण के आजु उद्घाटन होखे जा रहल बा। पहिला चरण में लोग साहिबाबाद से दुहाई डिपो तक जा सकेले।

रोज करीब 8 लाख यात्री यात्रा कs सकेले

एह परियोजना के पूरा होखला से दिल्ली-एनसीआर के करोड़ों लोग के सीधा फायदा होई। नमो भारत ट्रेन से रोज करीब 8 लाख यात्री यात्रा कs सकेले। इ ट्रेन 160 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चली। दिल्ली-गाजियाबाद-मेरठ आरआरटीएस (क्षेत्रीय रैपिड ट्रांजिट सिस्टम) कॉरिडोर के पहिला चरण में साहिबाबाद अवुरी दुहाई के बीच 17 किलोमीटर के हिस्सा के उद्घाटन के एक दिन बाद 21 अक्टूबर के यात्री खातीर खोलल जाई।

केंद्रीय शहरी विकास मंत्री हरदीप पुरी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs एगो पोस्ट के माध्यम से घोषणा कईले कि आरआरटीएस ट्रेन के ‘नमो भारत’ के नाम से जानल जाई। उ कहले कि, ‘आरआरटीएस परियोजना के करोड़ों लोग के आकांक्षा से जुड़ल प्राथमिकता वाला खंड रफ्तार हासिल करे खातीर तैयार बा।’ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 20 अक्टूबर के एकरा के राष्ट्र के समर्पित करीहे। देश के क्षेत्रीय रैपिड ट्रांजिट सिस्टम के ‘नमो भारत’ के नाम से जानल जाई।

पीएम मोदी जी 8 मार्च 2019 के नींव कईले रहले

साहिबाबाद आ दुहाई के बीच के ई 17 किलोमीटर के खंड गाजियाबाद, गुलधर आ दुहाई स्टेशन के रास्ता से साहिबाबाद के दुहाई डिपो से जोड़ दी। प्रधानमंत्री 8 मार्च 2019 के दिल्ली-गाजियाबाद-मेरठ कॉरिडोर के शिलान्यास कईले रहले। आरआरटीएस एगो नया रेल आधारित, तेज गति, उच्च आवृत्ति वाला क्षेत्रीय यात्रा प्रणाली ह जवना के गति 180 किलोमीटर प्रति घंटा तक बा। एह रूट पs हर 15 मिनट पs हाई स्पीड ट्रेन उपलब्ध होखी आ जरूरत के हिसाब से हर पांच मिनट पर भी उपलब्ध हो सकेला।

एनसीआर क्षेत्र में कुल 8 आरआरटीएस कॉरिडोर

दिल्ली-एनसीआर क्षेत्र में कुल आठ गो आरआरटीएस कॉरिडोर के पहचान कइल गइल बा, जवना में पहिला चरण में तीन गो कॉरिडोर – दिल्ली-गाजियाबाद-मेरठ, दिल्ली-गुरुग्राम-एसएनबी-अलवर आ दिल्ली-पानीपत के पूरा करे के प्राथमिकता दिहल गइल बा। दिल्ली-गाजियाबाद-मेरठ कॉरिडोर के विकास 30,000 करोड़ रुपिया से अधिका के लागत से हो रहल बा आ गाजियाबाद, मुरादनगर आ मोदीनगर शहरन के रास्ता से एक घंटा से कम समय में दिल्ली से मेरठ से जोड़ल जाई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.