[the_ad_group id="30365"]

दुर्घटना से बचल इंडिगो के फ्लाइट, टेकऑफ से पहिलही रनवे पर जाते में फिसल गइल विमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में यात्री विमान में तकनीकी गड़बड़ी के घटना थमले के नाम नाइ ले रहल बा। गुरुवार को इंडिगो के फ्लाइट संख्या 6E-757 के उड़ान भरे से पहिलही रद्द क देहल गइल। बतावल गइल बा कि विमान असम के जोरहाट से  बंगाल के कोलकाता जाए वाला रहल। हालांकि, जब एके टेक-ऑफ खातिर लावल जात रहल, ओही दौरान विमान फिसल गइल। पायलट के निर्देश पर विमान के जांच खातिर भेजल गइल। हालांकि, शुरुआती जांच में फ्लाइट में कौनों दिक्कत नाइ मिलल बा। एह घटना में कौनों यात्री जख्मी नाइ भइलन।

घटना के लेके इंडिगो कइलस ट्वीट

एगो स्थानीय पत्रकार ट्विटर पर एक तस्वीर अपलोड कइले जेमें एगो विमान दिखाई देत रहल, जौन रनवे से फिसल गइल अउर ओकर पहिया घास में फंस गइल। इंडिगो के टैग करत उ कहलें कि गुवाहाटी कोलकाता इंडिगो उड़ान 6F 757 (6E757) रनवे से फिसल गइल अउर असम के जोरहाट हवाई अड्डे पर कीचड़ भरल मैदान में फंस गईल। उड़ान दोपहर 2.20 बजे प्रस्थान करे वाली रहल, लेकिन घटना के बाद उड़ान में देरी भईल।

उनके पोस्ट के जवाब देत, इंडिगो कहलस कि सर, हम एह घटना के गंभीर रूप से ले रहल बानी अउर एह मुद्दा के संबंधित टीम के साथ तुरंत उठा रहल बानीं। कृपया ओही खातिर डीएम के माध्यम से पीएनआर साझा करीं।

एएआई के अधिकारी कहलें कि विमान में कुछ तकनीकी खराबी रहल अउर रात करीब 8:15 बजे उड़ान रद्द क देहल गइल। विमान में 98 यात्री सवार रहलें। सब यात्री विमान से उतर गइलें अउर सुरक्षित बाने। संपर्क कइले पर इंडिगो के प्रवक्ता कहलें कि हम फिलहाल जानकारी के जांच कर रहल बानीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]