[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways: इ कंपनी के रेलवे दिहलस हजार करोड़न के ठेका, शेयर में आईल जबरदस्‍त तेजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

शेयर बाजार के टिप्स : रामकृष्ण फोर्जिंग्स लिमिटेड अवुरी टीटागढ़ रेल सिस्टम लिमिटेड के रेल मंत्रालय से 12,227 करोड़ रुपया के ठेका मिलल बा। सरकार के आत्मनिर्भर भारत पहल के तहत 15.40 लाख जाली पहिया (ठोस धातु काट के बनल पहिया) के आपूर्ति खातीर इ ठेका दिहल गईल बा। रामकृष्ण फोर्जिंग्स एगो बयान जारी क कहलस कि इ अनुबंध 20 साल से जादे समय तक चली।

एकरा तहत पहिला साल में 40 हजार पहिया, दूसरा साल में 60 हजार पहिया अवुरी ओकरा बाद हर साल 80 हजार पहिया के आपूर्ति होई। बयान के मुताबिक, ‘आत्मनिर्भर भारत पहल के तहत रेल मंत्रालय से 15,40,000 जाली पहिया के आपूर्ति के ठेका रामकृष्ण फोर्जिंग्स लिमिटेड (आरकेएफएल) अवुरी टीटागढ़ रेल सिस्टम्स लिमिटेड (टीआरएसएल) के गठबंधन जीत लेले बा।’

कंपनी के कहनाम बा कि इ ठेका कुल 12,226.5 करोड़ रुपया के बा। एकरा खातीर गठबंधन एगो नाया प्लांट बनाई। एकरा बाद शुक्रवार के सबेरे रामकृष्ण फोर्जिंग्स के शेयर 52 सप्ताह के उच्चतम स्तर 440 रुपया पs पहुंच गईल। एह शेयर में 7 फीसदी के बढ़ोतरी भइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]