[the_ad_group id="30365"]

भारतीय रेलवे : ई हवें देश के सबसे अनोखा रेलवे स्टेशन, जे सभन के कौनों नाँव नइखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रेलवे एशिया के दुसरा सबसे बड़ रेलवे स्टेशन हवे आ दुनिया के चउथा सबसे बड़ रेलवे स्टेशन हवे। भारत में 8000 से अधिक रेलवे स्टेशन बा, जहाँ रोज लाखों लोग यात्रा करेला। स्टेशन के नाम प ट्रेन के टिकट बुक कईल जाला। बाकिर का रउरा मालूम बा कि हमनी के देश में दू गो अइसन स्टेशन बा जवना के कवनो नाम नइखे?

एहमें से पहिला रेलवे स्टेशन पश्चिम बंगाल के बर्धमान से करीब 35 किलोमीटर के दूरी पर बा. ई स्टेशन दू गो गाँव रैना आ रैनागढ़ का बीच बनल बा. बतावल जाता कि पहिले ए स्टेशन के नाम रैनागढ़ रहे। स्टेशन के रैनागढ़ नाम रैना गांव के लोग के पसंद ना रहे। एकरा बाद स्टेशन के नाम के लेके दुनो गांव के बीच झगड़ा शुरू हो गईल। गांव के लोग के कहनाम रहे कि ए स्टेशन के भवन रैना गांव के जमीन प बनल बा, एहीसे एकर नाम रैना होखे के चाही। गांव के लोग के शिकायत के बाद रेलवे बोर्ड स्टेशन के नाम हटा देलस। तब से एह स्टेशन के कवनो नाम नइखे.

साल 2008 में बनल रहे। तब से ई विवाद में आ गइल रहे। गांव के लोग के झगड़ा के चलते स्टेशन प लागल साइन बोर्ड से स्टेशन के नाम हटा दिहल गईल। स्टेशन के कवनो नाम ना होखला के चलते इहां आवे वाला यात्री के परेशानी के सामना करे के पड़ेला।

अयीसने एगो रेलवे स्टेशन झारखंड में भी बा, जवना के कवनो नाम नईखे। जानकारी के मुताबिक इ अनोखा स्टेशन रांची से तोरी जाए वाली रेलवे लाइन प स्थित बा। एह स्टेशन पर ई ट्रेन पहिला बेर साल 2011 में चलावल गइल रहे। एकरा बाद एकर नाम बड़कीचंपी रखे के फैसला भईल, लेकिन बगल के गांव कमले के लोग एकर विरोध कईलस। ओकरा बाद से एह स्टेशन के कवनो नाम नइखे राखल गइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]