[the_ad_group id="30365"]

भारतीय नौसेना हिंद महासागर में 23 पाकिस्तानियन के बचवलस : ईरानी जहाज के सोमालिया समुद्री लुटेरन से रेस्क्यू कइलस; 12 घंटा चलल ऑपरेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय नौसेना के वॉरशिप INS सुमेधा सुक (29 मार्च) के ईरानी फिशिंग वेसल अल-कंबर से 23 पाकिस्तानी नागरिकन के सोमालिया के समुद्री लुटेरन से रेस्क्यू कइलस। नेवी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs बतवलस कि सुक के सांझ के ओकर टीम के हिंद महासागर में अदन के खाड़ी के ल​गे जहाज के हाईजैक होखे के सूचना मिलल र​हे।

जहाज में सोमालिया के नव गो समुद्री लुटेरा सवार र​हलें सs। ई जहाज यमन के सोकोट्रा द्वीप से साउथ-वेस्ट में करीब 166 किमी के दूरी पs र​हे। हाइजैक के अलर्ट मिलतही भारतीय नौसेना आपन युद्धपोत INS सुमेधा के ईरानी जहाज के रोके खातिर रवाना कइलस।

नौसेना के दुगो युद्धपोत 12 घंटा चलवलस ऑपरेशन, नौ लुटेरा सरेंडर कइलें सs 

एकरा बाद दूसरका युद्धपोत INS त्रिशूल के मदद से नेवी जहाज के लुटेरन से रेस्क्यू कइलस। नौसेना के टीम 12 घंटा तक ऑपरेशन चलाके लुटेरन के सरेंडर करे खातिर मजबूर कइलस।

पिछला साल अक्टूबर में इजराइल-हमास जंग सुरू होखे के बाद से अरब सागर में सोमालिया के लुटेरन के तरफ से जहाज के हाईजैक करे के ममिला बढ़त जा रहल बा। एह परs  काबू पावे खातिर भारतीय नौसेना अरब सागर में युद्धपोतन के तैनाती बढ़ा देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]