Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ICC: आईसीसी अवॉर्ड्स में भारत के डबल धमाका; जसप्रीत बुमराह-स्मृति मंधाना बनल लो जून महीना के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी

1,371
Google Ads 300*250 for posts

टी20 विश्व कप में शानदार प्रदर्शन करे वाला भारतीय तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह कप्तान रोहित शर्मा के पछाड़त जून महीना के आईसीसी के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी के पुरस्कार जीत लेलें। रोहित एह ममिला में ना खाली रोहित, बलुक अफगानिस्तान के रहमानुल्लाह गुरबाज के पीछे छोड़लें। ओहिजा, महिला वर्ग में भारतीय उपकप्तान स्मृति मंधाना विजेता बनके उभरली।

टी20 विश्व कप में कइलें रहस दमदार प्रदर्शन

बुमराह ने हाले में संपन्न भइल टी20 विश्व कप में 15 विकेट झटकले रहस आ उनका के प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट चुनल गइल। ई 30 वर्षीय गेंदबाज वैश्विक टूर्नामेंट में दमदार प्रदर्शन कइले रहस आ 8.26 के औसत आउर 4.17 के इकॉनोमी रेट से गेंदबाजी कइले रहस। भारत पहिला टीम बनल रहे जवन टूर्नामेंट में बिना कवनो मैच गंववलें टी20 विश्व कप के खिताब जीतले रहस। भारतीय टीम के कनाडा के खिलाफ ग्रुप चरण के मुकाबला बारिश के भेंट चढ़ल रहे, बाकिर रोहित शर्मा के अगुआई वाली टीम सब आठ मुकाबले जीतले रहे।

‘ई हमरा खातिर विशेष उपलब्धि’

बुमराह आईसीसी के हवाले से कहलें, हम जून महीना के आईसीसी के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी के अवॉर्ड जीतके बहुते खुस बानी। अमेरिका आ वेस्टइंडीज में यादगार दिनन के बाद ई हमरा खातिर विशेष उपलब्धि बा। एगो टीम के रूप में हमरा लगे जश्न मनावे खातिर बहुत कुछ बा आ हमरा एह व्यक्तिगत उपलब्धि पs बहुते खुसी हो रहल बा। प्रदर्शन कइल आ संगही ट्रॉफी जीतल ई बहुते विशेष बा आ हम एह पल के हमेशा इयाद रखेम। हम अपना कप्तान रोहित शर्मा आ गुरबाज के एह दौरान सानदार प्रदर्शन खातिर बधाई देत बानी। हमरा खुसी बा कि हम विजेता चुनल गइनी।

मंधाना पहिला बेर जीतली पुरस्कार

ई मंधाना के पहिला महीना के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी के पुरस्कार बा। ऊ पिछला महीना दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज में दमदार प्रदर्शन कइले रहस आ तीन मैचन में दुगो शतक आ एगो अर्धशतक जड़ले रहस। मंधाना एह दौड़ में इंग्लैंड के माएया बाउचियर आ श्रीलंका के विशमी गुनारत्ने के पीछे छोड़ली। मंधाना दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ पहिला वनडे में 117 रन बनवले रहली। एकरा अलावे दूसरका मैच में लगातार एगो आउर शतक जड़त 120 गेना पs 136 रन के पारी खेलले रहली। मंधाना तीसरका मैच में शतक के ओर बढ़त रहली, बाकिर 90 रन बनाके आउट हो गइल रहली। एह दौरान मंधाना 100 से जादे के स्ट्राइक रेट से 343 रन बनवले रहली।

मंधाना कहली, हमरा जून महीना के आईसीसी के महिला वर्ग के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी के पुरस्कार जीतला पs गरब महसूस हो रहल बा। जवना तरे से टीम प्रदर्शन कइलस आ ओमे हमार जवन योगदान रहल बा, ओकरा से हम बहुते खुस बानी। हमनी के वनडे आ टेस्ट सीरीज जीतनी सs आ हमरा उम्मीद बा कि हम आगहूं एह लय के बरकरार रखेम  सs आ हम भारत के जीत में आगहूं जोगदान देत रहेम।

889690cookie-checkICC: आईसीसी अवॉर्ड्स में भारत के डबल धमाका; जसप्रीत बुमराह-स्मृति मंधाना बनल लो जून महीना के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.