[the_ad_group id="30365"]

Rahul Dravid T20 World Cup के आपन बोनस 5 करोड़ से घटाके 2.5 करोड़ रुपिया कइलें, जानीं पूर्व कोच काहे लेलें ई फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम के पूर्व हेड कोच राहुल द्रविड़ अपना एगो बोल्‍ड फैसला से क्रिकेट फैंस के दिल जीत लेले बाड़ें। द्रविड़ टी20 वर्ल्‍ड कप जीतला के बाद बीसीसीआई के ओर से मिले वाला पांच करोड़ रुपिया के बोनस के घटाके 2.5 करोड़ करे के बड़ फैसला लेले बाड़ें।

इयाद दिला दीं कि टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 खिताब जीते वाली भारतीय टीम के हाले में भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) 125 करोड़ रुपिया के इनामी राशि देवे के घोषणा कइले रहे। रोहित शर्मा के नेतृत्‍व वाली भारतीय टीम दक्षिण अफ्रीका के सात रन से हराके खिताब अपना नावे कइले रहे।

बीसीसीआई घोषणा कइले रहे कि टीम के कुल 125 करोड़ रुपिया के इनामी राशि दिहल जाई। एमे कोचिंग स्‍टाफ आ सपोर्ट स्‍टाफ सामिल बा लो। टीम के हेड कोच रहल राहुल द्रविड़ के खाता में पांच करोड़ रुपिया आवे के रहे जबकि आउर कोचन के 2.5 करोड़ रुपिया मिले वाला रहे।

द्रविड़ के ‘जेंटलमैन’ सोच

हिंदुस्‍तान टाइम्‍स के रिपोर्ट के मोताबिक द्रविड़ बीसीसीआई से आपन इनामी राशि पांच करोड़ से घटाके ढाई करोड़ रुपिया करे के आग्रह कइलें काहेकि ऊ बल्‍लेबाजी, गेंदबाजी आ फील्डिंग कोच के तुलना में जादे रुपिया ना पावल चाहत रहस। राहुल द्रविड़ के मानल बा है कि सब कोचन के समान राशि मिले के चाहीं।

रिपोर्ट में बीसीसीआई के सूत्र के हवाला देत बतावल गइल, ”राहुल द्रविड़ अपना बाकी स्‍टाफ के तरे बराबर बोनस लेहल चाहत बाड़ें। हमनी के उनका भावना के कद्र करत बानी सs।”

द्रविड़ उठवलें दूसरका बेर ई डेग

वइसे, ई पहिला मवका नइखे जब राहुल द्रविड़ बोनस राशि के सब कोच में बराबर बांटे के मांग कइले होखस। एकरा पहिले 2018 में जब भारतीय टीम अंडर-19 विश्‍व कप खिताब जीतले रहे, तब राहुल द्रविड़ हेड कोच के भूमिका निभावत रहलें। द्रविड़ के 50 लाख रुपिया मिले के रहे, जबकि सपोर्ट स्‍टाफ के 20 लाख रुपिया बोनस के रूप में दिहल जाये के रहे।

राहुल द्रविड़ तबो बोनस राशि स्‍वीकार करे से इनकार कs  देले रहस। ऊ तब ई मांग रखले रहस कि सब कोचन के बराबर बोनस दिहल जाव। बीसीसीआई तब आपन फैसला बदललस आ द्रविड़ सहित सब कोचन के 25 रुपिया बोनस देलस। तब खिलाड़ियन के 30 लाख रुपिया बोनस में मिलल रहे।

द्रविड़ के हो रहल बा तारीफ

राहुल द्रविड़ 2024 टी20 वर्ल्‍ड कप जीतला के बाद जवन डेग उठवलें, ओकरा बाद से क्रिकेट जगत में उनकर जमके तारीफ हो रहल बा। अपना खेले वाले दिनन जइसने द्रविड़ एक बेर फेर अपना टीम के आगे रखलें आ एह बात खातिर पूर्व हेड कोच के जमके सराहना हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]