नई दिल्ली। भारतीय मौसम विभाग (IMD) चेतावनी देलस कि उत्तर आ मध्य भारत में रात के तापमान अगिला एक हफ्ता तक सामान्य से नीचे रही। देस के उत्तरी हिस्सा में ठंडा हवा चलत बा, जबकि दक्षिण भारत में बारिश आ गरज-चमक के आसार बा। IMD के अनुसार, बंगाल के खाड़ी में बनल ट्रफ आ उत्तर भारत में पश्चिमी विक्षोभ आवे वाला दिन में मौसम के प्रभावित करत रही।
मौसम विभाग बतवलस कि अगिला कुछ दिन में बरखा, बर्फबारी आ ठंडा हवा कइयन गो राज्यन में तापमान के आएर नीचे ले जाई। उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश आ जम्मू-कश्मीर के ऊपरी इलाकन में बर्फबारी के संभावना बा। पहाड़ में बर्फ गिरला के बाद मैदान में ठंडा हवा चल रहल बा, जवना से रात के तापमान में तेज गिरावट होई। लोगन के एहतियात बरतले के सलाह दिहल गइल बा।
राजस्थान, मध्य प्रदेश आ दिल्ली में तापमान गिरल
IMD के अनुसार, पूर्वी राजस्थान आ पश्चिमी मध्य प्रदेश के कइयन गो हिस्सा में तापमान सामान्य से 4 से 7°C तक नीचे चल गइल बा। दक्षिणी पंजाब, हरियाणा आ दिल्ली में रात ठंडा हो गइल बा। कइयन जगहन पs तापमान 10°C से नीचे दर्ज कइल गइल बा। अगिला 6–7 दिन तक न्यूनतम तापमान सामान्य से 2से 5°C नीचे रहे के संभावना बा। विदर्भ आ छत्तीसगढ़ में अगिला दू दिन में तापमान में लगभग 2°C के गिरावट हो सकेला।
दिल्ली में बढ़ल सर्दी
दिल्ली में सर्दी दस्तक दे देले बा। मौसम विभाग बतवलस कि 11 नवंबर तक आसमान साफ रही, सुबह के समय हल्का कोहरा भा धुंध छा सकेला। न्यूनतम तापमान 9°C से 11°C आ अधिकतम तापमान 27°C से 29°C के बीच रही। दिन में मौसम सुहावना रही, बाकिर रात ठंडा होई। हवा के रफ्तार सांझ के बाद लगभग 20 किमी प्रति घंटा तक रह सकेला।
किसानन खातिर चेतावनी
IMD किसान आ सुबह यात्रा करे वालन के सावधानी बरते के सलाह देले बा। राजस्थान आ मध्य प्रदेश में जहां ठंडा के लहर बा, उहां फसल के ठंड से बचावे खातिर हल्का सिंचाई आ मल्चिंग के सलाह दिहल गइल बा। राजस्थान के कइयन जिलन में तापमान 10°C से नीचे चल गइल बा। सीकर में न्यूनतम तापमान 7°C दर्ज भइल बा। आवे वाला दिनन में यूपी, हरियाणा आ पंजाब में ठंडा आउर बढ़ी।
दक्षिण भारत में भारी बरखा के आसार
मौसम विभाग के अनुसार, बंगाल के खाड़ी आ मन्नार के खाड़ी के ऊपर बनल चक्रवाती सिस्टम के कारण दक्षिण भारत में बरखा होई।तमिलनाडु में 12 आ 13 नवंबर के बरखा के संभावना बा।
IMD तमिलनाडु के किसानन के सलाह देले बा कि ऊ फसल के सिंचाई बेवस्था दुरुस्त रखे आ खाली पकल फसल के काटे। केरल, तमिलनाडु, माहे आ अंडमान-निकोबार द्वीपसमूह में कहीं-कहीं बरखा हो सकेला।
Read Also:







