Vaibhav Suryavanshi : विजय हजारे ट्रॉफी में वैभव सूर्यवंशी रचलें इतिहास, 14 बरिस के उमिर में बनवलें ई कीर्तिमान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। विजय हजारे ट्रॉफी में बिहार के होनहार बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी अइसन पारी खेल देलें कि सब केहू दंग रह गइल बा। मात्र 14 बरिस के उमिर में वैभव अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ 36

Share

Vaibhav Suryavanshi scores fastest century in Vijay Hazare Trophy for Bihar

स्पोर्ट्स डेस्क। विजय हजारे ट्रॉफी में बिहार के होनहार बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी अइसन पारी खेल देलें कि सब केहू दंग रह गइल बा। मात्र 14 बरिस के उमिर में वैभव अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ 36 गेना में शतक ठोक के इतिहास रच देलें। ई लिस्ट-ए क्रिकेट में कवनो भारतीय बल्लेबाज के ओर से बनावल दूसरका सबसे तेज शतक हs। एह पारी के संगे वैभव दिग्गज खिलाड़ी यूसुफ पठान के रिकॉर्ड तुड़ देलें।

एशिया कप फाइनल में नाकामी के कुछ दिन बाद वैभव के ई पारी आलोचकन के मुंह बंद कs देलस। पाकिस्तान के खिलाफ अंडर-19 एशिया कप फाइनल में कम रन बनवला के बाद लोग उनकर आलोचना कइले रहे, बाकिर विजय हजारे ट्रॉफी में उनकर बल्ला आग उगल देलस।

रांची में खेलल गइल मुकाबला में बिहार टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी कइलस। सुरुआत से वैभव सूर्यवंशी अरुणाचल के गेंदबाजन पs टूट पड़लें आ चौका-छक्का के बरसात कs देलें। 36 गेना में शतक पूरा कइला के बादो ऊ रुकले ना। आखिरकार ऊ 84 गेना में 190 रन बना के आउट भइलें। एह धमाकेदार पारी में उनका बल्ला से 16 चौका आ 15 छक्का निकलल। एह दौरान उनकर स्ट्राइक रेट  226.19 रहल, जवन घरेलू क्रिकेट में कमे देखे के मिलेला।

एह शतक के संगे वैभव भारत खातिर लिस्ट-ए क्रिकेट में दूसरका सबसे तेज शतक बनावे वाला बल्लेबाज बन गइलें। उनका से तेज शतक खाली अनमोलप्रीत सिंह के नावे बा, जवन 35 गेना में बनल रहे। वैभव एह पारी में 15 छक्का लगाके विजय हजारे ट्रॉफी के एक पारी में सबसे जादे छक्का के रिकॉर्ड के बराबरियाे कइलें।

2025 में ई वैभव के सातवां शतक हs, जवन उनकर जबरदस्त निरंतरता के देखावत बा। सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी, अंडर-19 एशिया कप, राइजिंग स्टार्स टूर्नामेंट आ IPL में वैभव आपन काबिलियत साबित कs चुकल बाड़ें। कम उमिर में रणजी डेब्यू करे वाला ई खिलाड़ी अब सीनियर टीम के दरवाजा जोर-जोर से खटखटा रहल बा।

Read Also: Prabhunath Singh : जेल में बंद महराजगंज के पूर्व सांसद प्रभुनाथ सिंह आदर्श आचार संहिता उल्लंघन ममिला में बरी, जानीं एकरा बादो जेल से काहे ना आ सकिहें बाहर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.