Ram Lalla Abhishek : आज होई रामलला के अभिषेक; अनुष्ठान में सामिल होइहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, सीएम योगी संगे करिहें ध्वजारोहण

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 31, 2025

अयोध्या। श्रीराम जन्मभूमि मंदिर में प्रतिष्ठा द्वादशी के पावन अवसर पs आज बुध के दिन रामलला के भव्य अभिषेक होई। एह खास धार्मिक अनुष्ठान में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सामिल होइहें।

Share

राम मंदिर

अयोध्या। श्रीराम जन्मभूमि मंदिर में प्रतिष्ठा द्वादशी के पावन अवसर पs आज बुध के दिन रामलला के भव्य अभिषेक होई। एह खास धार्मिक अनुष्ठान में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सामिल होइहें। रक्षा मंत्री 11 बजे अयोध्या पहुंचिहें आ लगभग चार घंटा मंदिर परिसर में रह के अलग-अलग अनुष्ठान में भाग लिहें। एह दौरान ऊ परकोटा में बनल अन्नपूर्णा मंदिर के शिखर पs ध्वजारोहणो करिहें।

भव्य राम मंदिर में रामलला के प्राण प्रतिष्ठा के दूसरका वर्षगांठ बड़ी धूमधाम से मनावल जा रहल बा। प्रतिष्ठा द्वादशी पs चल रहल पाटोत्सव में ई दिन खास महत्व रखेला।

प्रतिष्ठा द्वादशी के दिने रामलला के प्राण प्रतिष्ठा भइल रहे। एह पावन तिथि पs वैदिक मंत्रोच्चार के संगे रामलला के अभिषेक होई। अनुष्ठान में यज्ञ, हवन आ पूजन के पारंपरिक विधि संपन्न करावल जाई। रक्षा मंत्री आ मुख्यमंत्री योगी संगे संत-महात्मा, धर्माचार्य आ बड़ संख्या में श्रद्धालु एह ऐतिहासिक पल के साक्षी बनी लोग।

दर्शन आ आवागमन के खास इंतजाम

रक्षा मंत्री मंदिर निर्माण से जुड़ल चल रहल कामकाज के जायजा लिहें। अनुष्ठान पूरा होखला के बाद ऊ अंगद टीला परिसर में आयोजित समारोह के संबोधित करिहें। रक्षा मंत्री दुपहरिया करीब 3:20 बजे अयोध्या से रवाना होइहें।

उनका आगमन के देखत सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा। मंदिर परिसर आ आसपास के इलाका में अतिरिक्त सुरक्षा बल तैनात बा। श्रद्धालुअन के सहूलियत खातिर दर्शन आ आवागमन के खास बेवस्था कइल गइल बा। प्रतिष्ठा द्वादशी के अवसर पs पूरा अयोध्या राममय माहौल में डूबल बा। भजन-कीर्तन, रामकथा आ “जय श्रीराम” के गूंज से धर्मनगरी में उत्सव के उमंग चरम पर बा।

Read Also: नया साल के जश्न पs ब्रेक! आज हड़ताल पs Swiggy-Zomato, अमेजन के डिलीवरी वर्कर्स; जानीं का बा वजह आ असर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.